दिल्ली कोचिंग हादसा मामला: कोर्ट ने रखा फैसला सुरक्षित

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

बरखा के बाद भइल तहखाना दुर्घटना के मामला में दिल्ली के एगो अदालत आपन फैसला सुरक्षित रखले बिया।  कोर्ट सुनवाई खाती 14 नवंबर के तय कइले बिया। दिल्ली के पुरान राजेंद्र नगर के तहखाना में

Share

बरखा के बाद भइल तहखाना दुर्घटना के मामला में दिल्ली के एगो अदालत आपन फैसला सुरक्षित रखले बिया।  कोर्ट सुनवाई खाती 14 नवंबर के तय कइले बिया।

दिल्ली के पुरान राजेंद्र नगर के तहखाना में चलत कोचिंग सेंटर के घटना में आज राउस एवेन्यू कोर्ट में सुनवाई भइल। आरोप पत्र के संज्ञान लेत कोर्ट फैसला सुरक्षित रखले बिया। सीबीआई पहिलही छह गो आरोपियन के खिलाफ आरोप पत्र दाखिल कऽ चुकल बिया जवना में चार गो सह मालिक आ सीईओ अभिषेक गुप्ता शामिल बाड़े। कोर्ट सुनवाई खाती 14 नवंबर के तय कइले बिया। एही बीच कोर्ट शिकायतकर्ता के वकील से संबंधित फैसला दाखिल करे के कहले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.