[the_ad_group id="30365"]

यूपी: मिर्जापुर में महिला के कुकुर नोच-नोच के मार देलस, बचावे आइल पति के भी कटलस, गाँव के लोग अइसे लिहले लो बदला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

मिर्जापुर : यूपी के मिर्जापुर से एगो चौंकावे वाला मामिला सामने आईल बा। इहाँ एगो कुकुर एगो औरत के मार देले बा। जब महिला के पति ओकर जान बचावे आईल तs कुकुर ओकरा के भी काट लेलस। एकरा अलावे इs कुकुर दु लोग के काट के घाही भी कs देलस। जवना के बाद खिसियाइल गांव के लोग कुकुर के पीट-पीट के हत्या कs देले।

पूरा बात का बा?

इs मामिला देहात कोतवाली इलाका के भटौली गंगा नदी किनारे के बा। नदी के किनारे खेती करेवाला किसान दंपति पs कुकुर हमला कs देलस। कुकुर महिला के नोच- नोच के मार देलस अवुरी पति के भी कई जगह काट लेलस। जब पास में काम करे वाला दु लोग ए जोड़ी के बचावे खातीर आईल तs कुकुर ओ लोग के भी काट लेलस।

जानकारी मिलते गांव के लोग मउका पs पहुंचले अवुरी आदमी खाए वाला कुकुर के पीट-पीट के मार देले। बतावल जाता कि कछवां थाना क्षेत्र के बरैनी बारीपुर गांव के निवासी बसंतु बिंद अपना पत्नी दुलेसरा देवी के संगे भटौली गंगा नदी के किनारे बालू पs सब्जी के खेती करेले।

मरेवाला के बेटा के बयान सामने आईल

मरेवाला के बेटा इंद्रेश बिंद बतवले कि शुक के खेत में काम करत घरी महतारी- बाबू जी पs कुकुर के हमला भईल, जवना के चलते महतारी के मउत हो गईल। महतारी के मउत के खबर सुनते गांव के लोग कुकुर के लाठी से घेर के मार देले। हालांकि परिवार के लोग पुलिस के सूचना नईखन देले अवुरी मरेवाली महिला के अंतिम संस्कार भी कईले बाड़े।

संभागीय अस्पताल के ट्रॉमा सेंटर प्रभारी डा. राजकुमार सरोज आवारा कुकुरन के काटला से एगो महिला के मृत्यु भईल बतवनी । उनुकर पति घायल बाड़े अवुरी उनुकर इलाज होखता। मरीज के स्वास्थ्य स्थिर बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]