Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

2,294
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: विपक्ष के एकजुट करिहें सीएम नीतीश कुमार, बोलले- हम प्रधानमंत्री पद के दावेदार नइखी।
  2. बिहार: बिहार के दु गो आईपीएस आ पांच पुलिस अधिकररियन के केंद्र सरकार बेहतर काम खातिर करी सम्मानित। आईपीएस सायसी सावलाराम धुरत आ विनय तिवारी के नाम बा लिस्ट में।
  3. उत्तर प्रदेश: नोयडा के ट्विन टावरन के गिरावे खातिर सुप्रीम कोर्ट देलस एक हफ्ता के समय, 432 करोड़ रुपिया के बा ममिला। खरीददारन के रुपिया वापिस करे के आदेश।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी से मिलले ओपी राजभर, ट्वीट कs के देले जानकारी, अखिलेश यादव पs सधले निशाना।
  5. झारखंड: झमाझम बरखा से झुमल झारखंड, डैम से लेके खेतन तक में भरल पानी, 6 डिग्री ले गिरल तापमान।
  6. जॉनसन एंड जॉनसन के बेबी पाउडर अगिला साल से बंद होई, कंपनी कहलस- कानूनी लड़ाई से थाक चुकल बानी जा।
  7. जम्मू कश्मीर में बिहार के मजदूर के हत्या: बंदीपारा में आतंकियन कद फेर टारगेट किलिंग, 19 साल के अमरेज के मारल गइल 3 गोली।
  8. MP में 304 करोड़ के डैम फुटला से बांध के टूटे के खतरा: बांध से पानी के रिसाव जारी, धार-खारगोन के 18 गांव खाली करावल गइल। एयरफोर्स के हेलीकॉप्टर स्टैंडबाई पs।
  9. लाल सिंह चड्ढा पहिला दिने कमइलस मात्र 11 करोड़: 13 साल में आमिर के मिलल सबसे कम ओपनिंग, सुक के फिलिम के 1300 शो भइल केंसिल।
  10. एशिया कप से बाहर जसप्रीत बुमराह के चोट गंभीर: टी-20 वर्ल्ड कप से पहिले फिट होखल मुश्किल बा, अक्टूबर में होखे वाला बा टूर्नामेंट।
308390cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.