इंजीनियर इन चीफ मनोज कुमार गुप्ता लोक निर्माण विभाग निलंबित कइल गइलें

Anurag Ranjan

लखनऊ : PWD HOD मजोज गुप्ता संस्पेंड। लोक निर्माण विभाग के इंजीनियर इन चीफ मनोज गुप्ता के निलंबित कर दिहल गइल बा। रउआ सभे के बता दीं कि मंत्री के OSD के पहिलही निलंबित कइल जा चुकल बा। गौर करे वाला बात ई बा कि ई कारवाई लोक निर्माण विभाग में तबादलन में भ्रष्टाचार के लेके भइल बा। कुल मिलाके ई लोक निर्माण विभाग में तबादला के लेके तिसरका करवाई हs।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।