Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: सहारा स्टेट के लगे बनी नया जेट्टी, डिजाइन तइयार

918

 

जीडीए सहारा स्टेट के लगे रिंग रोड पs रामगढ़ताल में एगो नाया जेटी बनावे के फैसला कईले बिया। नया जेट्टी के डिजाइन भी बनावल गईल बा। अब इंजीनियर डीपीआर के फाइनल करे के तइयारी में लागल बाड़े। जेट्टी के निर्माण में करीब तीन करोड़ रुपिया के खर्चा हो सकता।

रामगढ़ताल के नौकायन घाट पs जेट्टी बनावल गइल बा। ईs जेट्टी पर्यटन निगम द्वारा संचालित होला। पर्यटन निगम एह पुरान जेट्टी से रामगढ़ताल में क्रूज परिचालन शुरू करे पs आपत्ति दर्ज करवलस। जब इs जानकारी सरकार तक पहुंचल तs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जीडीए के रामगढ़ताल में नाया जेट्टी बनावे के निर्देश देले।

जीडीए मोहद्दीपुर आरबीके से पैडलेगंज रिंग रोड आ चिड़ियाघर के पीछे बोटिंग के लगे नया जेट्टी बनावे के संभावना के खोज करत रहे। बाद में मुख्यमंत्री के सलाह पs सहारा एस्टेट के नजदीक रिंग रोड पs नाया जेट्टी बनावे के फैसला भईल बा। एकर डिजाइन भी तइयार हो चुकल बा।

पर्यटकन के ध्यान में राखत डिजाइन तइयार कइल गइल

पर्यटकन के भीड़ के ध्यान में राखत नया जेट्टी के डिजाइन बनावल गइल बा। गलियारा के चौड़ाई दुगुना करे के फैसला भईल बा। पुरान जेट्टी तक पहुंचे के गलियारा संकरी बा। एहसे नया जेट्टी तक जाए वाला सड़क के चौड़ा कईल जाई। एकरा अलावे एकर क्षेत्र भी अधिका होई।

पर्यटकन के भीड़ बाँटे में सहायक होखी

रामगढ़ताल के सौंदर्यीकरण के बाद नाव चलावे खातिर पर्यटकन के संख्या दिन पs दिन बढ़ रहल बा। अयीसना में जीडीए पर्यटकन के भीड़ के बंटवारा खातीर रामगढ़ताल के दूसरा हिस्सा के विकास के योजना के तहत सहारा स्टेट के ओर एगो नाया जेट्टी बनावे के फैसला कईले बिया।

सहारा स्टेट के लगे रिंग रोड पs नया जेट्टी बनावे खातिर डिजाइन तइयार बा। रामगढ़ताल में पुरान जेट्टी के सामने रिंग रोड के दूसरा ओर नया जेट्टी बनावल जाई। जेट्टी के निर्माण में करीब तीन करोड़ रुपिया के लागत आवे के अनुमान बा। एकर डीपीआर तइयार हो रहल बा।

 

 

 

725540cookie-checkGorakhpur News: सहारा स्टेट के लगे बनी नया जेट्टी, डिजाइन तइयार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.