Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पंजाब के हर घर के आज से मिली 300 यूनिट मुफ्त बिजली, भगवंत मान कहले – आप के सरकार वादा पूरा करतिया

612

पंजाब के मुख्यमंत्री भगवान मान कहले कि उनुकर सरकार राज्य के जनता के दिहल गईल ‘गारंटी’ के पूरा करतिया। बियफे से हर घर के हर महीना 300 यूनिट मुफ्त बिजली मिली. आप सरकार एकरा से पहिले एक जुलाई से हर घर के 300 यूनिट मुफ्त बिजली देवे के घोषणा कईले रहे।

उ कहले कि, पहिले के सरकार चुनाव के समय वादा करत रहली। वादा पूरा होखे में पांच साल बीत गईल होई, लेकिन हमनी के सरकार पंजाब के इतिहास में एगो नाया मिसाल पेश कईले बिया। आज हमनी के पंजाबी लोग के दिहल गईल एगो अउरी गारंटी के पूरा करे जा रहल बानी जा। आज से पंजाब के हर परिवार के हर महीना 300 यूनिट मुफ्त बिजली मिली।

2022 के पंजाब विधानसभा चुनाव के दौरान आम आदमी पार्टी के ओर से कईल गईल एगो बड़ वादा इ रहे कि हरेक घर में हर महीना 300 यूनिट मुफ्त बिजली दिहल जाई।

आप नेता आ राज्यसभा सांसद राघव चढा कहले कि पंजाब दिल्ली के बाद दूसरा राज्य बन गईल बा, जवना में जनता के मुफ्त में बिजली दिहल जाता। उ कहले कि, आज एगो ऐतिहासिक दिन बा, काहेंकी पंजाब दिल्ली के बाद दूसरा राज्य बन गईल बा, जहां मुफ्त में लाइफलाइन बिजली मिलता। पंजाबी लोग खातिर ‘केजरीवाल दी पहली गारंटी’ एगो हकीकत बन गइल बा.

वित्त मंत्री हरपाल सिंह चीमा 27 जून के आप-सरकार के पहिला बजट पेश करत कहले रहले कि 300 यूनिट मुफ्त बिजली दिहला से खजाना प 1800 करोड़ रुपया के अतिरिक्त बोझ पड़ी।

चीमा कहले रहले कि, ‘आप सरकार पंजाब के सभ नागरिक के एक जुलाई से हर महीना 300 यूनिट घरेलू बिजली के आपूर्ति मुफ्त में देके पंजाब के लोग के दिहल गईल आपन पहिला गारंटी के पूरा कर रहल बिया। एकरा से पंजाबी लोग के बहुत राहत मिली, जेकरा सोझा बिजली के बिल के जादा होखे के समस्या बा।”

284590cookie-checkपंजाब के हर घर के आज से मिली 300 यूनिट मुफ्त बिजली, भगवंत मान कहले – आप के सरकार वादा पूरा करतिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.