छपरा के राजेंद्र स्टेडियम में आईपीएस विकाश वैभव युवा लो से करिहें संवाद

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

बिहार के विकसित करे के मकसद से आईपीएस विकास वैभव के सफल प्रयास आजो जारी बा। एह उद्देश्य के ध्यान में राखत विकास वैभव अपना आवास पऽ प्रखंड प्रमुख डॉ. राहुल राज से भेंट कइलन।

Share

बिहार के विकसित करे के मकसद से आईपीएस विकास वैभव के सफल प्रयास आजो जारी बा। एह उद्देश्य के ध्यान में राखत विकास वैभव अपना आवास पऽ प्रखंड प्रमुख डॉ. राहुल राज से भेंट कइलन। डॉ राहुल राज आईजी विकास वैभव के आवास पऽ भव्य स्वागत कइलन आ उनका साथे एगो विशेष बइठक के आयोजन कइलन।

आईजी विकास वैभव बतवले कि लेटस इंस्पायर बिहार अभियान के ओर से चउथा नमस्ते बिहार मेगा युवा संवाद कार्यक्रम 08 दिसंबर 2024 के छपरा के राजेन्द्र स्टेडियम में होखे वाला बा। हमनी के मकसद बा कि एकरा से अधिका से अधिका नवहन के जोड़ल जाव।

एह मौका प डॉ राहुल राज कहले कि आम जनता में आईजी विकास वैभव के लोकप्रियता एतना बा कि जब उनका के सेवा योगदान खातिर कवनो अउरी जगह पऽ भेजल जाला तऽ उनका के दुलार से भरल लोग के काफिला घेर लेला।

एतने ना, चूंकि उ लोग बिहार में युवा के भविष्य खातिर आपन जीवन समर्पित कइले बाड़े, एहसे युवा के भी आगे आके आपन मनोबल मजबूत करे के होई अउरी आपन प्रयास समर्पित करे के होई।

8 दिसम्बर 2024 के चपरा के राजेन्द्र स्टेडियम पहुंच के सबके चउथा मेगा डायलॉग लेट्स एम्पायर बिहार अभियान के यादगार बनावे के होई अवुरी मिल के बिहार के प्रेरित करे में मदद करे के होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.