BCCI: बीसीसीआई इंग्लैंड दौरा खातिर भारत ए टीम घोषित कइलस, करुण नायर के मिलल मवका; अभिमन्यु करिहें कप्तानी

Anurag Ranjan

स्पोर्ट्स डेस्क: भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) इंग्लैंड दौरा खातिर भारत ए टीम घोषित कs देले बा। घरेलू क्रिकेट में सानदार प्रदर्शन करे के ईनाम करुण नायर के मिलल आ उनका के एकरा खातिर टीम में जगह दिहल गइल बा। भारत ए टीम के इंग्लैंड दौरा पs इंग्लैंड लायंस टीम के खिलाफ दुगो प्रथम श्रेणी मैच खेले के बा। भारतीय टीम एह दौरा पs अभिमन्यु ईश्वरन के कप्तानी में खेले उतरी।

सीरीज का कार्यक्रम

भारत ए आ इंग्लैंड लायंस के बीच ई दु मुकाबला कैंटरबरी आ नॉर्थम्पटन में खेलल जाई। एह दौरा के अंत भारत के सीनियर टीम के खिलाफ मैच के संगे होई। भारत ए आ इंग्लैंड लायंस के बीच पहिला मुकाबला 30 मई से दु जून तक खेलल जाई, जबकि दूसरका मुकाबला छव से नव जून तक नॉर्थम्पटन में होई। एकरा बाद टीम 13 से 16 जून तक इंट्रा स्क्वाड मैच खेली।

आठ साल बाद करुण के टीम में वापसी

एह टीम के सबसे दिलचस्प बात ई बा कि एमे करुण नायर के मवका मिलल बा, जे भारत खातिर आखिरी बेर 2017 में टेस्ट मैच खेलले रहस। ऊ घरेलू क्रिकेट में आपन दम देखवले रहस आ टीम में उनकर वापसी एही प्रदर्शन के बदौलत भइल बा। भारत अपना टेस्ट टीम के मजबूती दिहल चाहता बा आ ई दौरा नायर खातिर सीनियर टीम में वापसी के केवाड़ी खोल सकत बा।

31 वर्षीय करुण घरेलू क्रिकेट में विदर्भ खातिर खेलत विजय हजारे ट्रॉफी के आठ मैचन में 779 रन बनवलें जेमे पांच शतक सामिल रहे। करुण एह दौरान लगातार चार मैचन में शतक जड़ले रहस। रणजी ट्रॉफी में करुण नव मैचन में 863 रन बनवलें जेमे फाइनल में केरल के खिलाफ शतक आ एगो अर्धशतक सामिल बा। विदर्भ केरल के हराके खिताब अपना नावे कइले रहस।

दूसरका टेस्ट खातिर गिल-सुदर्शन सामिल

इंग्लैंड लायंस के खिलाफ अभिमन्यु जहां टीम के कमान संभरिहें, ओहिजा ध्रुव जुरेल के उपकप्तान नियुक्त कइल गइल बा। एह टीम में नवहा खिलाड़ियन के संगही अनुभवी खिलाड़ियन के अच्छा मिश्रण बा। ईशान किशन एह टीम में जगह बनावे में सफल रहल बाड़ें, जवना से टीम में जुरेल के संगे ऊ दूसरका विकेटकीपर के विकल्प बाड़ें। ओहिजा, शार्दुल ठाकुर तेज गेंदबाजी आक्रमण में जिम्मा संभरिहें। भारतीय चयनकर्ता शुभमन गिल आ साई सुदर्शन के टीम में सामिल कइले बा लो जे दूसरका मैच से पहिले टीम से जुड़ जाई लो।

इंग्लैंड दौरा खातिर भारत ए टीम एह तरे बा…

अभिमन्यु ईश्वरन (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, करुण नायर, ध्रुव जुरेल (उपकप्तान और विकेटकीपर), नीतीश कुमार रेड्डी, शार्दुल ठाकुर, ईशान किशन (विकेटकीपर), मानव सुथार, तनुष कोटियान, मुकेश कुमार, आकाश दीप, हर्षित राणा, अंशुल कंबोज, खलील अहमद, ऋतुराज गायकवाड़, सरफराज खान, तुषार देशपांडे, हर्ष दुबे।

नोटः शुभमन गिल आ साई सुदर्शन दूसरका मैच से पहिले टीम के संगे जुडी लो।

Read Also: IPL 2025: स्टार्क आ फरेरा आईपीएल 2025 से बाहर, मुंबई से जुड़लें विल जैक्स; मुस्तफिजुर के मिलल खेले के मंजूरी

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment