[the_ad_group id="30365"]

गीडा स्थापना दिवस: स्टॉल पs सजी मेरठ के क्रिकेट किट, कुशीनगर के केपा से बनल हैंडबैग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में गीडा के स्थापना दिवस समारोह के तइयारी तेजी से चल रहल बा। पंडालन में स्टॉल आवंटित कइल जा चुकल बा। एह स्टॉलन पs मेरठ के क्रिकेट किट से लेके कुशीनगर के केला रेशा से बनल हैंडबैग रखल जाई। प्रदर्शनी में हर जिला के ओडीओपी के एगो स्टॉल होई। एकरा अलावे गोरखपुर के अलग-अलग कंपनियन के तरफ से बनावल गइल रेडिमेड गारमेंट्स रही। तीन दिवसीय एह कार्यक्रम में हर दिन दुपहरिया बाद सांस्कृतिक कार्यक्रमो होई।

30 नवंबर के दुपहरिया बाद एह समारोह के उद्घाटन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ करेम। एकरा बाद 40 बड़े उद्यमियन से निवेश के लेके बातचीत करेम। एकरा बाद तीन दिवसीय प्रदर्शनी सुरू होई। एह प्रदर्शनी में अलग-अलग विभागन के तरफ से स्टॉल लगावल जाई। एमे एमएसएमई आ ओडीओपी के स्टॉल सबसे महत्वपूर्ण होई।

ओडीओपी स्टॉल खातिर प्रदेश के सब जिलन से एकहs गो कंपनियन के बोलावल गइल बा। गोरखपुर से रेडिमेड गारमेंट्स के अलावे टेराकोटा के उत्पादो होई। कुशीनगर से केला रेशा उत्पाद, देवरिया से सजावटी सामान, महराजगंज से फर्नीचर, संतकबीरनगर से फूल पीतल के बर्तन आ सिद्धार्थनगर से काला नमक चावल के स्टॉल खास होई। एही तरे एमएसएमई स्टॉलन पs प्रदेश के कइयन कंपनियन के उत्पाद लउकी।

मंच पर कॉलेजन के होनहार दिखाई लो प्रतिभा

एह तीन दिवसीय आयोजन के दौरान एक दिसंबर के सबेरे 10 बजे से दुपहरिया दु बजे के बीच उद्यमियन आ बड़ खरीदारन के बीच सेलर-बायर मीट के आयोजन होई। एकरा बाद तीन बजे से सांझ छव बजे तक अलग-अलग कॉलेजन के विद्यार्थी सांस्कृतिक कार्यक्रम प्रस्तुत करी लो।

दु दिसंबर के एमएसएमई के तरफ से उद्यमियन खातिर एगो गोष्ठी होई, जेमे उद्योग लगावे के तरीकन आ सरकारी योजनन के जानकारी दिहल जाई। दुपहरिया बाद सांस्कृतिक कार्यक्रम होई। ओहिजा तीन दिसंबर के बैंकन के तरफ से एगो गोष्ठी के आयोजन कइल जाई। एकरा बाद समापन कार्यक्रम होई ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]