Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में सपाट सुरुआत, सेंसेक्स 80 अंक फिसल, निफ्टी 23700 के करीब

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2024

घरेलू शेयर बाजार में मंगर के उछाल के बाद बुध के सुस्ती के संगे कारोबार होत दिख रहल बा। हफ्ता के तीसरका कारोबारी दिन सेंसेक्स 40 अंकन के बढ़त के बाद कमजोर पड़त लअकल। ओहिजा

Share

घरेलू शेयर बाजार में मंगर के उछाल के बाद बुध के सुस्ती के संगे कारोबार होत दिख रहल बा। हफ्ता के तीसरका कारोबारी दिन सेंसेक्स 40 अंकन के बढ़त के बाद कमजोर पड़त लअकल। ओहिजा निफ्टियो लेला के दौरान 23,700 के स्तर के पार कारोबार करत लउकल बाकिर जल्दिये मनोवैज्ञानिक स्तर से फिसल गइल। सुरुआती कारोबारी सत्र में मजगांव डॉक के शेयर छह प्रतिशत तक उछलल जबकि वेदांता के शेयरन में चार प्रतिशत के गिरावट दिखल। हालांकि, बाजार में निचला स्तरन पs फेर खरीदारी लउकल, जवना से बेंचमार्क इंडेक्स हरियर निशान पs लवट गइल।

सबेरे 10 बजके 24 मिनट पs सेंसेक्स 54.48 (0.06%) अंकन के बढ़त के संगे 78,092.65 के स्तर पs कारोबार करत लउकल। दूसरका ओर, निफ्टी 4.30 (0.02%) अंक चढ़के 23,725.60 पs पहुंच गइल।

सेंसेक्स के 30 शेयरों का हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.