[the_ad_group id="30365"]

Chandrayaan-3: आज लैंडर आ रोवर के फेर जगावे के कोसिस कोसिस करी ISRO, एह कारण सुतल रहे दुनों

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चंद्रयान-3 के चंद्रमा पs 23 अगस्त के सफल लैंडिंग होखला के बाद लैंडर आ रोवर लगातार इसरो के जानकारी भेजे खातिर काम कs रहल बा। इसरो चंद्र मिशन के हर हरकत पs नजर बना के रखले बा आ चंद्रयान-3 मिशन के दूसरका चरण खातिर तइयारी कs रहल बा। एह बीच विक्रम लैंडर आ प्रज्ञान रोवर खातिर आज माने 22 सितंबर के दिन बहुते खास बा।

दरअसल, चंद्रमा के साउथ पोल पs आज एक बेर फेर से सूर्योदय होई। सूर्योदय के चलते इसरो चंद्रयान-3 के विक्रम लैंडर आ प्रज्ञान रोवर एक बेर फेर ‘जगावे’ के कोसिस करी। सूर्योदय के देखत इसरो के वैज्ञानिक लोग आपन तइयारी पूरा कs लेले बा। चांद के शिव शक्ति प्वाइंट पs सूर्योदय होखला के संगही सुक के लैंडर आ रोवर के एक बेर फेर एक्टिव करे के कोसिस कइल जाई।

वैज्ञानिकन के संचार सर्किट के सक्रिय करे में मिलल मदद
इसरो वैज्ञानिकन के एह प्रक्रिया से महत्वपूर्ण घटना के होखे के उम्मीद बा। विक्रम आ प्रज्ञान के जागरण। सूर्योदय के संगही चंद्रमा पs तापमान शून्य से 10 डिग्री सेल्सियस से ऊपर बढ़ जाई, एसे वैज्ञानिकन के संचार सर्किट के सक्रिय करे में मदद मिली। एह प्रक्रिया के “वेक-अप सर्किट” के तौर पs जानल जाला।

जब हमनी धरती पs सुतेम सs, विक्रम-प्रज्ञान चंद्रमा पs जागी 

संसद के विशेष सत्र के दौरान लोकसभा में चंद्र मिशन पs चरचा के जवाब देते केंद्रीय मंत्री जितेंद्र सिंह कहलें कि विक्रम आ प्रज्ञान के जगावे के पूरा कोसिस कइल जा रहल बा। ऊ कहलें, “जब हमनी धरती पs सुतेम सs, विक्रम आ प्रज्ञान सायद चंद्रमा पs जागी।”

हर केहू चंद्रमा पs तापमान बढ़े के इंतजार कs रहल बा- मंत्री
विक्रम लैंडर के जागे के संभावनन पs जितेंद्र सिंह कहलें कि मिशन से जुड़ल हर केहू चंद्रमा पs तापमान बढ़े के इंतजार कs रहल बा। ऊ कहलें, “जइसही तापमान शून्य से 10 डिग्री ऊपर जाई, एगो वेक-अप कॉल जाई आ विक्रम आउर प्रज्ञान अपना नींद से उठ जाई।”

विक्रम लैंडर 23 अगस्त के चंद्रमा के दक्षिणी ध्रुव के लगे उतरल रहे आ चंद्रमा के सतह पs सॉफ्ट लैंडिंग के सफलतापूर्वक पूरा कइले रहे ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]