[the_ad_group id="30365"]

MMMUT कर्मचारी के गाछ से लटकत मिलल लाश: पारिवारिक कलह में खुदकुशी के आशंका, जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर में एगो व्यक्ति के गाछ से लटकती लाश मिलला से सनसनी फइल गइल बा। जेकर लाश मिलल बा ऊ मदन मोहन मालवीय इंजीनियरिंग कालेज (MMMUT) के फोर्थ क्लास कर्मचारी रहे। ऊ अतवार के रात घर से खाना खाके निकलले आ सोमार के घर से 300 मीटर के दूरी पs इस्थित गाछ पs लटकत लाश मिलल।

परिवार के लोग एकरा के सुसाइड बता रहल बा। सूचना पs पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमॉर्टम खातिर भेज देले बिया। पुलिस के मोताबिक, पीएम (पोस्टमार्टम रिपोर्ट) रिपोर्ट के बादे मौत के सही वजह सामने आई। संगही कर्मचारी के मौत के पारिवारिक कलह से जोड़ के देखल जा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि घरेलू कलह से ऊ बहुते परेसान रहे।

रात में घर से निकलके लगा लेलस फंदा

खोराबार के पोछिया ब्रम्हस्थान निवासी राजमन निषाद (55) मदन मोहन मालवीय प्रौधोगिक विश्वविद्यालय में चतुर्थ श्रेणी के कर्मचारी के तौर पs कार्यरत रहस। राजमन के परिवार वाला पुलिस के बतावल लो, रात में सब लोग खान खाके सुते चल गइल। एह बीच रात में कवनो समय ऊ खेत में जाके खुदकुशी कs लेलें। केहू के पता ना चल पावल।

7 लईकन के पिता रहलें राजमन

राजमन निषाद 7 लईकन के पिता रहलें। उनका 5 बेटा आ 2 बेटी बा लो। परिवार में बेटा दीपक, देवेंद्र, दीनदयाल, विजयराज, किशन, बेटी वंदना, निकिता आ पत्नी आशा बा लो। बड़ बेटा दीपक के बियाह हो चुकल बा। बेलवार चौकी इंचार्ज अखिलेश प्रजापति बतवलें, मृतक के देह पs कहीं चोट के निशान नइखे मिलल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बादे मौत के पास वजह सामने आई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]