NEET UG 2025: मेडिकल के स्नातक पाठ्यक्रम खातिर राष्ट्रीय पात्रता सह प्रवेश परीक्षा माने नीट-यूजी अतवार के होई। ई पहिला मवका बा, जब एह परीक्षा के निगरानी खातिर त्रिस्तरीय सुरक्षा घेरा होई। परीक्षा के पवित्रता सुनिश्चित करे खातिर करीब 99 फीसदी केंद्र सरकारी स्कूलन आ कॉलेजन में बनावल गइल बना। तइयारी केतना पुख्ता बा, एकर पता लगावे खातिर सनीचर के सब 5,468 केंद्रन पs मॉक ड्रिल कइल गइल।
केंद्रीय शिक्षा मंत्रालय के सूत्रन के मोताबिक, नीट-यूजी खातिर 22.76 लाख छात्र पंजीकरण करवले बा लो। परीक्षा के दौरान पहिला बाहरी सुरक्षा घेरा जिला मजिस्ट्रेट के टीम संभारी। दूसरका घेरा राज्य स्तरीय (पुलिस आ राज्य के अधिकारी) होई आ तीसरका स्तर पs परीक्षा केंद्र के अंदर के निगरानी केंद्र सरकार के विशेष सुरक्षा टीम के हवाले होई। सबसे बड़ बात ई बा कि जदि कवनो उम्मीदवार परीक्षा से पहिले, जुन के परीक्षा के दौरान भा बाद में अनुचित साधनन के इस्तेमाल करत पावल गइल तs ओकरा पs एनटीए के कवनो परीक्षा में सामिल होखला पs तीन साल के पाबंदी लगा दिहल जाई। परीक्षा के दौरान सीसीटीवी पs लाइव निगरानियो कइल जाई।
नीट यूजी परीक्षा से पहिले, राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी (एनटीए) सनीचर के बतवलस कि परीक्षा के सुरक्षित आ निष्पक्ष तरीका से आयोजित करे खातिर सब तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। देसभर के राज्य सरकारन के सतर्क कs दिहल गइल बा। ई सख्त सुरक्षा बेवस्था पिछलका साल NEET-UG 2024 में भइल विवादन के कारण कइल गइल बा। ओह समय पेपर लीक, नंबर बढ़ावे आ अनियमित रूप से ग्रेस मार्क्स देवे जइसन आरोप लागल रहे, जवना के व्यापक विरोध आ अदालतन में सुनवाई भइल। अबकी बेर एनटीए परीक्षा के शुचिता बना के रखे खातिर “हर संभव कदम” उठवले बा। परीक्षार्थियन के जांच जिला पुलिस के संगे-संगे एनटीए के सुरक्षा प्रक्रियन के तहत कइल जाई। प्रश्नपत्र आ OMR शीट्स के पुलिस सुरक्षा में सेंटरन तक पहुंचावल जाई, ताकि कवनो छेड़छाड़ भा लीक ना हो सके। कोचिंग सेंटरोंन आ ऑनलाइन प्लेटफार्मों पs नजर रखल जा रहल बा, जवना से संगठित धोखाधड़ी के रोकल जा सके।
परीक्षा केंद्रन पs सीसीटीवी कैमरा लगावल गइल बा ताकि पारदर्शिता आ जवाबदेही बनल रहे। कुछ राज्य जइसे असम सुरक्षा बढ़ावे खातिर बायोमेट्रिक सत्यापन के मांग कइले बा। शिक्षा मंत्रालय सब जिलन के प्रशासन आ पुलिस के संगे समन्वय बढ़ा देले बस ताकि कवनो तरे के गड़बड़ी रोकल जा सके। एकरा अलावे, एनटीए एगो ऑनलाइन पोर्टलो सुरू कइले बा जहां छात्र आ आम जनता कवनो संदेहास्पद गतिविधि के सूचना दे सकत बा लो।
23 लाख अभ्यर्थी होई लो परीक्षा में शामिल
एह साल परीक्षा में 23 लाख से जादे छात्र भाग लेवे वाला बा लो, जे देसभर के 550 शहरन में 5,453 केंद्रों पs आयोजित होई। बिदेस के 13 शहरन में परीक्षा करावल जाई। परीक्षा 4 मई 2025 के दुपहरिया 2 बजे से 5 बजे तक होई। एनटीए बतवलस कि सनीचर के सब केंद्रन पs एगो मॉक ड्रिल (पूर्वाभ्यास) कइल गइल ताकि तइयारियन के जांच कइल जा सके। फर्जी खबरन के फइलाव के रोके खातिर एनटीए सोशल मीडिया पs सख्ती सुरू कइले बा।
एजेंसी बतवलस कि फर्जी दावा करे वाला 165 से जादे Telegram चैनल आ 32 Instagram अकाउंट्स के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बा। ई कार्रवाई गृह मंत्रालय के Indian Cyber Crime Coordination Centre (I4C) के संगे मिलके कइल गइल बा। गुजरात के राजकोट से आइल खबरन के हवाला देत, जेमे कुछ लोग पईसन के बदले बढ़ल अंक देवे के बात करत रहे लो, एनटीए कहलस कि गुजरात सरकार पहिलही उचित कार्रवाई कs चुकल बिया। उड़ीसा में पुलिस छात्रन के धोखा में डाले वाला लोगन के खिलाफ कार्रवाई कइले बिया।
छात्रन आ अभिभावकों खातिर सलाह
एनटीए सब छात्रन आ ओह लोगन के माता-पिता से सावधान रहे आ और कवनो झूठे वादा भा धोखाधड़ी के शिकार ना होखे के अपील कइले बा। ऊ कहलस कि खाली एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट से मिलल सूचना पs विश्वास करीं। एनटीए इहो इयाद दिलवलस कि अइसन अपराध “सार्वजनिक परीक्षा (अनुचित साधनन के रोकथाम) अधिनियम” के तहत आवेला, जेमे कठोर सजा के प्रावधान बा। जे केहू व्यक्ति मेडिकल सीट के झूठा वादा कs के छात्रन के ठगे के कोसिस करी, ऊ एह अधिनियम के अंतर्गत दोषी मानल जाई।
एक घंटा पहिले पहुंची, जूता पहिनके परीक्षा केंद्र में ना मिली प्रवेश
- नीट-यूजी परीक्षार्थियन के कम से कम एक घंटा पहिले परीक्षा केंद्र पs पहुंचे के सलाह दिहल गइल बा ताकि अंतिम समय के हड़बड़ी से बचल जा सके।
- एडमिट कार्ड आ एगो वैध फोटो पहचानपत्र के बिना परीक्षा हॉल में प्रवेश ना मिली। स्मार्ट वाच भा इलेक्ट्रॉनिक उपकरण ले आवे पs रोक रही।
- परीक्षा केंद्रन पs परीक्षार्थी नंगा पैर प्रवेश कs सकी लो, जूता आ बेल्ट पहिनके आवे वालन के अंदर ना जाये दिहल जाई। महिला परीक्षार्थियन के कान की बाली, हाथ के कंगन आ आउर गहना उतारे के होई।
- परीक्षा केंद्रन के आसपास साइबर कैफे, स्टेशनरी, फोटो कॉपी के दुकानें बंद रही। केंद्रन के आसपास केहूओ अनधिकृत व्यक्ति के प्रवेश प्रतिबंधित रही।
गर्मी से बचावे खातिर पुख्ता इंतजाम
गर्मी के देखत सब राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के अधिकारियन से परीक्षा केंद्र पs बुनियादी सुविधा सुनिश्चित करे के कहल गइल बा। एमे पेयजल के उपलब्धता, बिजली आपूर्ति (जनरेटर आदि के बेवस्था), आपातकालीन स्वास्थ्य सहायता आ एम्बुलेंस सेवा आदि सामिल बा। एकरा अलावे डायबिटीज पीड़ित छात्रन खातिर हल्का स्नेक्स के बेवस्था कइल गइल बा।