सारण। धर्मेंद्र कुमार सिंह: छपरा के लोकप्रिय सांसद राजीव प्रताप रूडी के अनुशंसा पs मुख्यमंत्री चिकित्सा राहत कोष से दरियापुर प्रखंड के प्रतापपुर पंचायत ग्राम मठिया निवासी कैंसर रोगी निकहत यासीमान पति सोहैल अहमद के 60,000 रुपिया इलाज खातिर स्वीकृति पत्र देले। एह मवका पs मवजूद गड़खा विधानसभा क्षेत्र के भाजपा नेता सह जिला परिषद प्रतिनिधि अजय माँझी, प्रतापपुर मुखिया प्रतिनिधि रंजीत सिंह, भाजपा नेता अरविंद सिंह, भाजपा के उपाध्यक्ष धनंजय सिंह, भाजपा नेता छोटू सिंह, भीम राय, विवेक कुमार आ आउर भाजपा कार्यकर्ता उपस्थित रहले।









