Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bad Combination With Tea: चाय के साथे भूलाइयो के ना खाइ ई 5 गो चीज, ना तऽ सेहत के लेके हमेशा रहब परेशान

785

Bad Combination With Tea: चाय के साथ खाए खातिर जदि रउवो कुछ चाहीं तऽ ई आर्टिकल रउआ खातिर बा। बता दी कि कुछ चीज अइसन बा जवना के चाय के साथे खाइल रउआ सेहत पs भारी पड़ सकत बा। जदि रउवो सीना में जलन गैस एसिडिटी आ कब्ज से परेशान रहत बानी तऽ बहुत मुमकिन बा कि रउवो चाय पीयत घरी इहे गलती कर रहल बानी।

चाय के दीवानगी तऽ अपना जगहि पs बा, बाकिर जबले एकरा साथे खाए खातिर कुछ स्नैक्स ना मिल जाए, तऽ ई मजा अधूरा रहेला। जदि रउआ चटोर जुबान चाय पीयत घरी नमकीन, बिस्कुट, पौकड़ा आ तरह-तरह के पकवान तलाशत बा, तऽ ई आर्टिकल रउवे खातिर बा। बता दी, चाय के साथे शौक से खाए जाए वाली कुछ चीजन से राउर सेहत परेशान हो सकत बा। आई जानल जाव एकरा बारे में।

अंडा

चाय के साथ कई लोग अंडा खाइल पसंद करेला। ब्रेकफास्ट में एकर ऑमलेट भावसैंडविच खाला, तेपरो तऽ बा, बाकिर चाय के साथे उसिनल अंडा खाए से पाचन से जुड़ल समस्या हो सकत बा। एहिसे अइसन करे से बांची।

बेसन

चाय के साथे बेसन बनल पौकड़ा, कटलेट आ चीला भलही खाए में कतनो टेस्टी लागत होखे, लेकिन बता दें कि एकरा से पाचन तंत्र कमजोर हो सकत बा आ एमें पावल गइल न्यूट्रिएंट्स चाय के साथे मिल के पेट से जुड़ल तकलीफ के बढ़ा सकत बा।

नमकीन

रउआ सोच रहल होखब, कि भला ई का बात भइल! अब चाय के साथे नमकीनो ना खाइल जाव, तऽ का खाइल जाव ? रउआ के बता दी, कि चाय के साथे कई तरे के नमकीन रिएक्ट कर जाला आ पाचन के खराब कर सकत बा। चाय में पाए जाए वाला टैनिन नमकीन में मिले वाला पोषक तत्वन के नष्ट कऽ देला, अइसे में फायदा के जगरे नुकसाने हाथ लागेला।

नींबू

अइसन चीज जवना में नींबू शामिल होखे, ओकरो के चाय के साथे खाए में परहेज करे के चाहीं। बता दी, कि नींबू में पाए जाए वाला एसिडिक तत्त्व पेट में एसिड के समस्या पैदा कर सकत बा साथही सूजन  आ हार्ट बर्न जइसन तकलीफ के बढ़ा सकत बा।

पानी

चाय के साथे पानी के सेवनो कवनो समझदारी भरल कदम नइखे। बता दी, कि एकरा से पाचन तंत्र पs बुरा असर पड़ेला आ अपच, खट्टा डेकार आ एसिडिटी के समस्या बढ़ जाला।

842270cookie-checkBad Combination With Tea: चाय के साथे भूलाइयो के ना खाइ ई 5 गो चीज, ना तऽ सेहत के लेके हमेशा रहब परेशान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.