छपरा नगर निगम के मेयर प्रत्याशी के रुप में, डा० अशोक कुशवाहा कइले नामांकन दाखिल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2022

सारन| छपरा नगर निगम पद से मेयर प्रत्याशी के रूप में डॉक्टर अशोक कुशवाहा नामांकन दाखिल कइले। डॉक्टर अशोक कुशवाहा के साथे समर्थक लोग सव से बेसी के संख्या में बाइक रैली निकाल काफिला के

Share

सारन| छपरा नगर निगम पद से मेयर प्रत्याशी के रूप में डॉक्टर अशोक कुशवाहा नामांकन दाखिल कइले। डॉक्टर अशोक कुशवाहा के साथे समर्थक लोग सव से बेसी के संख्या में बाइक रैली निकाल काफिला के संगे घर से छपरा नामांकन करावे गइल लो। नामांकन के बाद समर्थक लो फूल माला पहिना के अग्रिम जीत के बधाई दिहल लो।

डॉक्टर अशोक कुशवाहा कहले कि भारी संख्या मे समर्थक लो नामांकन में शामिल होके हमार मनोबल बढ़ावे के काम कइले बा लो। नामांकन समारोह में उपस्थित सबे सम्मानित जनता के संगे-संगे जे लोग अपना घरही से आपन शुभकामना आ आशीर्वाद हमरा खातिर व्यक्त कइले बा लो, ओह सभे सम्मानित जनता के प्रति हम हृदय से आभार प्रकट करत बानी।

छपरा नगर निगम के मेयर प्रत्याशी के रुप में, डा० अशोक कुशवाहा ने अपना नामांकन दाखिल किया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.