दिनांक-17/10/2023
श्री गणेशाय नम:
आज के पंचांग
आश्विन शुक्ल पक्ष
तिथि- तृतीया
रात के 12 बजके 15 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्थी।
दिन- मंगर।
विशाखा नक्षत्र
रात के 08 बजके 31 मिनट ले,
ओकरा बाद अनुराधा।
प्रीति जोग
दिन के 10 बजके 27 मिनट ले,
ओकरा बाद आयुष्मान जोग।
तैतिल करण।
तृतीयं चंद्रघंटा देवी दर्शनम्।
काल्ह के पंचांग
दिनांक-18/10/2023
आश्विन शुक्ल पक्ष
तिथि- चतुर्थी
रात के 11 बजके 42 मिनट ले।
दिन- बुध।
अनुराधा नक्षत्र
रात के 08 बजके 41 मिनट ले।
आयुष्मान जोग
दिन के 09 बजके 06 मिनट ले।
वणिज करण।
चतुर्थकं कुष्मांडा देवी दर्शनम्।
आज के दिन उतार चढ़ाव से भरल रही, बेवसाय में सहयोगियन से वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा, बेयपार में बड़ लेन-देन सोच विचार कs के करीं, स्वास्थ्य पs ध्यान दीं, काम के अधिकता के कारण मानसिक तनाव बनल रही, परिवार के सहजोग मिली।
आज राउर दिन अच्छा रही। जदि रउआ कवनो नया काम सुरू कइल चाहत बानी तs रउआ कs सकत बानी, प्रॉपर्टी आदि में रउआ नया निवेश कs सकत बानी, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई, राउर मन आध्यात्म के ओर झुकल रही, कवनो धार्मिक जतरा पs रउआ जा सकत बानी।


आज के दिने राउर स्वास्थ अच्छा रहे वाला बा। रउआ कवनो नया मकान जमीन के खरीदारी कs सकत बानी, आज कवनो विशेष काम से रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा,परिवारिक विवाद से आज रउआ दूर रहीं, ना तs हानि उठावे के पड़ सकत बा।










