मौसम लेलस अंगड़ाई: पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय, 16 राज्यन में गिरल पारा; पांच दिन आधा देस में आंधी-बरखा के आसार

Anurag Ranjan

सेंट्रल डेस्क: जम्मू-कश्मीर, मणिपुर, मिजोरम, त्रिपुरा, केरल, उत्तराखंड, मध्य प्रदेश सहित 16 राज्यन में सनीचर के कइयन जगहन आंधी-बारिश आ तेज हवा के कारण मौसम सुहाना बनल रहल। एह दौरान पूर्वी मध्य प्रदेश आ तेलंगाना में कुछ जगह ओलवृष्टि भइल आ केरल, कर्नाटक के आंतरिक इलाकन आ उत्तराखंड के कुछ हिस्सन में भारी बरखा दर्ज कइल गइल। मौसम विभाग के मोताबिक, अगिला चार-पांच दिनन तक तकरीबन आधा देस में आंधी बरखा के ई दौर जारी रही।

कइयन राज्यन में गरज के संगे होई भारी बरखा

मौसम विभाग के मोताबिक, आवे वाला 7 मई तक उत्तर पश्चिम भारत में गरज के संगे बरखा आ तेज हवा चले के संभावना बा। अगिला चार-पांच दिन मध्य, पूर्व, प्रायद्वीपीय भारत में बिजली गिरे आ ओलावृष्टि होखला के पूर्वानुमान बा। ओहिजा, 5 से 8 मई तक पूर्वोत्तर भारत में गरज के संगे भारी बरखा आ बिजली गिरला के आसार बा। मौसम विभाग बतवलस कि उत्तरी पाकिस्तान आ आसपास के क्षेत्रन में एगो पश्चिमी विक्षोम सक्रिय होई आ ऊपरी हवा के एगो चक्रवाती परिसंचरण उत्तर-पश्चिमी राजस्थान आ दूसरका पश्चिमी उत्तर प्रदेश में इस्थित होखला से मौसम फिलहाल गर्मी से राहत देने वाला बनल रहे के अनुमान बा।

उत्तराखंड, केरल, कर्नाटक के कइयन हिस्सन में भारी बरखा

मौसम विभाग के मोताबिक, पिछलका 24 घंटा के दौरान तेलंगाना में कुछ स्थानन पs 70 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से तूफानी हवा चलीं। तमिलनाडु, पुड्डुचेरी, दक्षिण कर्नाटक, तटीय आंध्र प्रदेश, छत्तीसगढ़, हरियाणा, पंजाब, चंडीगढ़ आदि में धूल भरल हवा के गति 40 से 70 किमी प्रति घंटा तक दर्ज कइल गइल। पूर्वी मध्य प्रदेश आ तेलंगाना में कइयन जगहन पs ओलावृष्टि भइल।

मध्य प्रदेश में बिजली गिरला से 38 बकरी मरली सs

मध्य प्रदेश के अशोक नगर जिला में आकाशीय बिजली गिरला से 38 बकरियन के मौत हो गइल। ई घटना नईसराय थाना क्षेत्र के डुंगासरा गांव में भइल। नईसराय थाना प्रभारी पुनीत दीक्षित बतवलें कि दुपहरिया करीब 2 बजे बिजली गिरल, जवना के चपेट में आके बकरियन के मौत हो गइल। ओह समय उहां पs कवनो इंसान मवजूद ना रहे। आंधी बरखा के कारण पिछलका 24 घंटा के दौरान मध्य प्रदेश के अधिकांश इलाकन में तापमान सामान्य से बहुते नीचे रहल।

राजस्थान में 10 डिग्री सेल्सियस तक गिरल पारा

राजस्थान के कइयन हिस्सन में आंधी-तूफान आ बरखा के कारण पिछलका 24 घंटा में तापमान में 2 से 10 डिग्री सेल्सियस तक के उल्लेखनीय गिरावट दर्ज कइल गइल। झुंझुनू आ ओकरा आसपास के इलाकन में सनीचर के सांझ ओलावृष्टि भइल। एह दौरान नागौर में 2 मिमी बरखा दर्ज कइल गइल, जबकि आउर जगहन पs 2 मिमी से कम बरखा भइल। राज्य में सनीचर के चित्तौड़गढ़ 43.6 डिग्री सेल्सियस के संगे सबसे गर्म रहल।

पंजाब, हरियाणा में अधिकतम तापमान घटल

पंजाब-हरियाणा के अलग-अलग हिस्सन में अधिकतम तापमान सामान्य से कम रहल। पटियाला में अधिकतम तापमान 35.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल, जवन सामान्य से तीन डिग्री कम बा। एही तरे लुधियाना आ अमृतसर में पारा सामान्य से क्रमश: 1.5 डिग्री आ 4.8 डिग्री कम रहल। हरियाणा में अंबाला में अधिकतम तापमान 35.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल, जवन सामान्य से 2.6 डिग्री कम रहे।

लाहौल-धौलाधार के चोटियन पs बर्फबारी

हिमाचल प्रदेश में ऑरेंज अलर्ट के बीच सनीचर के लाहौल के चोटियन आ धौलाधार के पहाड़ियन पs बर्फबारी भइल। शिमला के ठियोग में भारी ओलावृष्टि होखला से कुफरी-फागू सड़क उजर हो गइल। ओलावृष्टि से सेब, मटर आ फूलगोभी के फसलन के भारी नुकसान पहुंचल बा। राजधानी शिमला आ धर्मशाला में दुपहरिया के समय बरखा भइल, सांझ के घाम खिलल। प्रदेश के अधिकांश क्षेत्रन में सनीचर के हलका बादल छाइल रहल। अधिकतम तापमान में आठ से दस डिग्री के कमी दर्ज भइल बा।

Read Also: Singapore: सिंगापुर आम चुनाव में PAP के बड़ जीत, 66 साल से सत्तारूढ़ बिया PM लॉरेंस के पार्टी; जानीं

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment