Earthquake: देश के एह दु गो राज्यन में भूकंप से डोलल धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2025

Earthquake: पिछला 24 घंटा के भीतर देश के दू गो राज्यन में भूकंप के झटका महसूस भइल। अतवार के दुपहरिया में राजस्थान के बीकानेर में जहां भूकंप आइल। ओहिजा सोमार के सबेरे हिमाचल प्रदेश के

Share

Earthquake

Earthquake: पिछला 24 घंटा के भीतर देश के दू गो राज्यन में भूकंप के झटका महसूस भइल। अतवार के दुपहरिया में राजस्थान के बीकानेर में जहां भूकंप आइल। ओहिजा सोमार के सबेरे हिमाचल प्रदेश के कुल्लू में भूकंप महसूस भइल। जानकारी के मुताबिक भूकंप सबेरे 6:50 बजे आइल जवना के चलते लोग डेरा गइल। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 3.4 नापल गइल।  कुल्लू के आसपास के जिला के कुछ इलाकन में भूकंप के झटका महसूस भइल।हालांकि अबे ले कवनो नुकसान के सूचना नईखे मिलल।  भूकंप के केन्द्र कुल्लू में पांच किलोमीटर भूमिगत गहराई पs रहे।

एकरा के देखीं: NAZARIA| नज़रिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI

कुल्लू के आसपास के इलाका जइसे कि मंडी आ शिमला जिला के कुछ इलाका में भी भूकंप के झटका महसूस भइल।  भूकंप के कंपकंपी महसूस होखते बहुत लोग घर से बहरी निकलल अवुरी लोग में दहशत के माहौल मच गईल।  बता दीं कि भूकंप के नजरिया से हिमाचल प्रदेश भूकंपीय क्षेत्र चार आ पांच में आवेला। जिला के कांगड़ा, चंबा, लाहौल, कुल्लू आ मंडी भूकंप के नजरिया से बेहद संवेदनशील इलाका हवे।

Earthquake: रिक्टर स्केल पs भूकंप के तीव्रता 3.4 मापल गइल
Earthquake: रिक्टर स्केल पs भूकंप के तीव्रता 3.4 मापल गइल


Earthquake: बीकानेर में भी आइल रहे भूकंप

राजस्थान के बीकानेर में अतवार के भूकंप के झटका महसूस भईल।  नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक अतवार के दुपहरिया में राजस्थान के बीकानेर इलाका में रिक्टर स्केल पs 3.6 के मध्यम भूकंप आईल।  भूकंप के केन्द्र 10 किमी गहराई पs रहे, जवना के निर्देशांक 27.76 एन आ देशांतर 73.72 ई रहे, हालांकि अबे ले कवनो जान-माल के नुकसान के खबर नईखे, बाकिर अचानक आईल भूकंप से लोग डेरा गईल बाड़े।

इहो पढ़ीं:भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.