Ranchi में भयावह सड़क दुर्घटना, एके परिवार के चार लोगन के मौत; तेज रफ्तार बोलेरो बाइक के मरलस टक्‍कर

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2024

रांची जिला के खलारी थानान्तर्गत भेलवाटांड़ में बोलेरो आ मोटरसाइकिल के बीच आमने-सामने टक्कर में पति, पत्नी आ दु लईकन के मौत हो गइल। घटना बुध के सांझ 6:30 बजे के हs। बोलेरो मोटरसाइकिल के

Share

बाइक के टक्‍कर मारे वाली बोलेरो आ घटनास्‍थल पs जुटल भीड़

रांची जिला के खलारी थानान्तर्गत भेलवाटांड़ में बोलेरो आ मोटरसाइकिल के बीच आमने-सामने टक्कर में पति, पत्नी आ दु लईकन के मौत हो गइल। घटना बुध के सांझ 6:30 बजे के हs।

बोलेरो मोटरसाइकिल के मरलस सीधा टक्‍कर

होमगार्ड जवान पंकज कुमार (33 बरिस) अपना पत्नी गुड़िया देवी (31 बरिस),  दीपराज कुमार (11 बरिस), राजदीप कुमार (9 वर्ष) आ पुत्री शालिनी कुमारी (7 बरिस) के संगे अपना मोटरसाइकिल से अपना घरे जात रहे लो।

एही क्रम में भेलवाटांड़ के लगे उल्टा दिशा से तेज गति से आ रहल अनियंत्रित बोलेरो मोटरसाइकिल के सीधा टक्कर मार देलस।

बाइक के घसीटत ले गइल बोलेरो

बोलेरो के गति एतना तेज रहे कि मोटरसाइकिल के घसीटत कुछ दूर तक ले गइल। घटना स्थल पs पत्नी गुड़िया देवी आ बेटी शालिनी कुमारी के मृत्यु हो गइल।

गंभीर रूप से घायल पंकज आ दुनो बेटन के तुरंत सीसीएल के बचरा अस्पताल पहुंचावल गइल। अस्पताल पहुंचला पs घायल पंकज कुमार आ एगो बेटा राजदीप कुमार के मृत्यु हो गइल। बड़ बेटा दीपराज कुमार गंभीर रूप से घायल बा। ओकरा के तुरंत रिम्स रेफर कs दिहल गइल।

ग्रामीण लोग जमके दिखावल आक्रोश

पंकज कुमार प्रतापपुर थानाक्षेत्र (चतरा) के जोगियारा गांव के रहे वाला रहे। ऊ पिपरवार में पदस्थापित रहे। बुध के डिउटी के बाद ऊ बाजार से पत्नी आ अपना लईकन के संगे घरे जात रहे। एही दौरान दुर्घटना हो गइल।

ग्रामीणन के आक्रोश के कारण देर रात करीब दु बजे दुर्घटना स्थल पs पड़ल शवन के उठावल जा सकी। बियफे के चारो शवन के पोस्टमार्टम खातिर रिम्स भेज दिहल गइल। मृतक के बड़ भाई शशिकुमार गुप्ता घटना के लेके खलारी थाना में प्राथमिकी दर्ज करवलें बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.