28 अप्रिल 2025 के राशिफल

Anurag Ranjan
राशिफल

 दिनांक- 28/04/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष 

तिथि- प्रतिपदा

रात के 09 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- सोमार।

भरणी नक्षत्र

रात के 09 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद कृत्तिका नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

रात के 08 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

किस्तुघन करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/04/2025

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

दिन के 05 बजके 31 मिनट ले।

दिन- मंगर।

कृत्तिका नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 47 मिनट ले।

सौभाग्य जोग

दिन के 03 बजके 53 मिनट ले।

बालव करण।

 
 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली। स्वास्थ के प्रति लापरवाह मत रहीं। संबंधन में निकटता आई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सफलता मिली। बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग मिली। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सार्थक होई। वाणी पs संयम रखीं। बेकार के वाद-विवाद में फंस सकत बानी। संबंधित अधकारी के सहजोग मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

रचना के कोसिस फलीभूत होई। स्वास्थ के प्रति सचेत रहीं। आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। रिश्तन में निकटता आई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेम। बेकार के भाग-दउर रही। स्वास्थ के प्रति सचेत रहेम।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। कवनो मूल्यवान वस्तु के खोवला के आशंका बा। दांपत्य जीवन में तनाव आ सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

चल भा अचल संपत्ति के ममिला में सफलता मिली। बेवसायिक प्रयास फलीभूत होई। रचना के काम आगा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बेवसायिक योजना फलीभूत होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सामाजिक आ पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक योजना साकार होई। धन, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

चल भा अचल संपत्ति के ममिला में सफलता मिली। रिश्तन में मजबूती आई। पारिवारिक दायित्व के पूर्ति होई।

Read Also: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ पहिलकी मेहरारू के छोड़ फेर बदलले धर्म, अइसन रहे धर्मेंद्र आ हेमा के Love story

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment