GizFit Plasma स्मार्टवॉच लॉन्च, बोलके कs पाएम इस्तेमाल, कीमत मात्र 1,799 रुपिया 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2022

GizFit Plasma स्मार्टफोन भारत में लॉन्च हो गइल बा। ई एगो पावर-पैक स्मार्टवॉच हs। GizFit Plasma एगो एंट्री लेवल स्मार्टवॉच बा। जदि कीमत के बात कइल जाव, तs एकर कीमत बहुते कम बा। बाकिर फीचर्स

Share

GizFit Plasma स्मार्टफोन भारत में लॉन्च हो गइल बा। ई एगो पावर-पैक स्मार्टवॉच हs। GizFit Plasma एगो एंट्री लेवल स्मार्टवॉच बा। जदि कीमत के बात कइल जाव, तs एकर कीमत बहुते कम बा। बाकिर फीचर्स के ममिला में कमाल बा। GlizFit Plasma स्मार्टवॉच के कीमत 1,999 रुपिया बा। हालांकि लॉन्च ऑफर में Gizfit Plasma के खास डिस्काउंट ऑफर के बाद 1,799 रुपिया में किनल जा सकी। एह वॉच के ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म Flipkart से किनल जा सकी।

स्पेसिफिकेशन्स

  • GizFit Plasma स्मार्टवॉच में एगो 1.9 इंच के सुपर ब्राइटनेस डिस्प्ले दिहल गइल बा। एमे मेगा स्क्रीन डिस्प्ले, एप्लिकेशन पs बिल्ट-इन जीपीएस ट्रैजेक्टरी, मल्टीफंक्शनल क्राउन सपोर्ट दिहल गइल बा आ क्विक वायरलेस चार्जिंग के सुविधा बा। स्मार्टवॉच में अल्ट्रा-शार्प 2.5डी डिस्प्ले दिहल गइल बा, जवन क्रिस्टल-क्लियर इमेज देला। ई 240×280 पिक्सल रेजोल्यूशन आ 550 nits के पीक ब्राइटनेस के संगे आवेला। यूजर्स के GizFit PLASMA स्मार्टवॉच में कइया वॉचफेस दिहल जाला। यूजर्स के स्प्लिट स्क्रीन के ऑप्शन दिहल गइल बा।
  • एह स्मार्टवॉच में कइयन गो कमाल के फीचर्स दिहल गइल बा। GizFit PLASMA एप्लिकेशन पs GPS ट्रैजेक्टरी डिस्प्ले के संगे आवेला। एमे यूजर्स के योगा, स्विमिंग, रनिंग, आउटडोर वॉकिंग, बास्केटबॉल, बैडमिंटन, फुटबॉल, साइकिलिंग, हाइकिंग आ ट्रेकिंग जइसन हेल्थ फीचर्स के सपोर्ट दिहल गइल बा। एकरा अलावे हेल्थ मॉनिटरिंग फीचर्स जइसन 24X7 हार्ट रेट मॉनिटर, बॉडी टेम्परेचर, स्लीप, SpO2 आ स्टेप्स ट्रैकिंगों दिहल गइल बा।
  • GizFit PLASMA एगो बिल्ट-इन वॉयस असिस्टेंट से लैस बा जवना से स्मार्टवॉच के यूजर्स अपना आवाज से कंट्रोल कs सकत बा। ब्लूटूथ कॉलिंग फीचर से स्मार्टवॉच यूजर्स के कॉलिंग कs सकत बा। GizFit PLASMA वायरलेस चार्जिंग सपोर्ट के संगे आवेला। एमे धूल, पसीना आ बरखा से बचावे खातिर एमे IP67 रेटिंग दिहल गइल बा। स्मार्टवॉच तीन आकर्षक रंग – ब्लैक, नेवी ब्लू आ बरगंडी में आवेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.