Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मढौरा आ सदर अनुमण्डल में अतिरिक्त डीएसपी के भइल तैनाती : सारण एसपी कार्य क्षेत्र कइलें निर्धारण, अपराध नियंत्रण आ पुलिस अनुसंधान में मिली सहूलियत

166

सारण में अपराध नियंत्रण आ पुलिस कामन के अनुसंधान खातिर दुगो अतिरिक्त डीएसपी के तैनाती कइल गइल बा। छपरा के सदर अनुमंडल आ मढौरा अनुमंडल में अतिरिक्त डीएसपी के तैनाती कइल गइल बा। डीएसपी के तैनाती के बाद दुनो अनुमंडल क्षेत्र में कार्यक्षेत्र के बंटवारा कs दिहल गइल बा। जवना में डीएसपी -1 आ डीएसपी -2 के कार्य क्षेत्र अलग-अलग कs दिहल गइल बा। कार्य क्षेत्र के बंटवारा के लेके सारण एसपी जानकारी देले बाड़ें।

एसपी गौरव मंगला बतवलें कि सारण जिलान्तर्गत अपराध आ सम्प्रदायिक हिंसा के घटनन से कुशलतापूर्वक निपटे आउर लंबित कांडन के पर्यवेक्षण आ अनुसंधान में तेजी ले आवे के उद्देश्य से सदर आ मढ़ौरा पुलिस अनुमंडल में पूर्व से सृजित मूल अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी के अलावा एकहs गो अतिरिक्त अनुमंड अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी के पद के नवसृजन कइल गइल बा। जेमे पहिले से सृजित मूल अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी के पद के अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी-1 के रूप में प्रत्यावर्तित अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी-2 के नाम से नामित कइल गइल बा।

सदर अनुमंडल के एसडीपीओ (डीएसपी) -1 के कार्य क्षेत्र के निर्धारण

1.नगर थाना 2.भगवानबाजार थाना 3. मुफ्फसिल थाना 4.डोरिगंज थाना 5.अवतारनगर थाना 6. नगरा ओपी, 7.गरखा थाना 8. खैरा थाना, 9. रिविलगंज थाना

सदर अनुमंडल के एसडीपीओ (डीएसपी) -2 के कार्य क्षेत्र के निर्धारण :-

1. कोपा थाना, 2. बनियापुर थाना 3. जलालपुर थाना 4. सहाजितपुर थाना 5.एकमा थाना  6. रसुलपुर थाना, 7. मांझी थाना 8. दाउदपुर थाना 9. जनताबाजार थाना

मढौरा अनुमंडल के एसडीपीओ (डीएसपी) -1 के कार्य क्षेत्र के निर्धारण :-

1. मढ़ौरा थाना 2. अमनौर थाना 3. भेल्दी थाना 4. मकेर थाना

मढौरा अनुमंडल के एसडीपीओ (डीएसपी) -2 के कार्य क्षेत्र का निर्धारण :-

1. तरैया थाना  2.पानापुर थाना 3. मशरख थाना 4. इसुआपुर थाना

साभार : दैनिक भास्कर

759500cookie-checkमढौरा आ सदर अनुमण्डल में अतिरिक्त डीएसपी के भइल तैनाती : सारण एसपी कार्य क्षेत्र कइलें निर्धारण, अपराध नियंत्रण आ पुलिस अनुसंधान में मिली सहूलियत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.