Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली में BJP के दु दिवसीय राष्ट्रीय अधिवेशन आज से : देसभर से 11 हजार से जादे डेलिगेट्स जुटी लो, लोकसभा चुनाव में जीत के खातिर तैयार होई रोडमैप

376

राष्ट्रीय कार्यकारिणी आ राष्ट्रीय परिषद के एह बैठक में लोकसभा चुनाव में जीत खातिर रोडमैप तइयार कइल जाई। संगही बीतल 10 साल के सत्ता के दौरान लिहल गइल पार्टी के बड़ आ निर्णायक फैसलन पs प्रधानमंत्री मोदी के धन्यवाद दिहल जाई।

पूर्व केंद्रीय मंत्री आ सीनियर BJP नेता रविशंकर प्रसाद कहलें कि लोकसभा चुनाव में NDA के 400 सीटन के जीत के लक्ष्य खातिर देसभर से डेलिगेट्स भाग ले रहल बा लो। 17 फरवरी के फर्स्ट हाफ में पदाधिकारियन के बैठक होई, जेमे प्रधानमंत्री मोदी मवजूद रह सकत बाड़ें।

जेपी नड्डा के उद्घाटन भाषण होई 

रविशंकर प्रसाद कहलें, दुपहरिया बाद तीन बजे राष्ट्रीय अधिवेशन के बैठक सुरू होई। पार्टी अध्यक्ष जेपी नड्डा के उद्घाटन भाषण होई आ PM मोदी समापन भाषण दिहेें। बैठक में दुगो प्रस्ताव ले आवल जाई। विस्तारकन के अलग से बैठक होई। 2047 तक विकसित भारत’ के ब्लूप्रिंट के लेके एगो प्रदर्शनियो लगावल जाई। सम्मेलन के दौरान एगो व्यापक संगठनात्मक एजेंडा प्रस्तुत कइल जाई।

‘हर लोकसभा चुनाव के पहिले BJP एगो बड़ राष्ट्रीय अधिवेशन करेले। 2014 में लोकसभा चुनाव से पहिलहू BJP रामलीला मैदान में बैठक कइले रहे, जहां नरेंद्र मोदी के अइसन ऐतिहासिक भाषण भइल कि 30 बरिसन के बाद पहिला बेर भारत में एगो स्थायी सरकार बनल रहे। एही तरे 2019 के लोकसभा चुनाव से पहिले फेर से रामलीला मैदान में पार्टी राष्ट्रीय अधिवेशन कइले रहे आ ज्यादा संख्या में जीत के संगे केंद्र में फेर से BJP के सरकार बनल रहे।’

राजनीतिक आ आर्थिक प्रस्ताव पेश होखे के संभावना

कहल जा रहल बा कि राष्ट्रीय अधिवेशन में राजनीतिक आ आर्थिक प्रस्ताव पेश हो सकत बा। राजनीतिक प्रस्ताव में मोदी सरकार के 10 साल के बड़ उपलब्धियन के गिनावत 2024 चुनाव में लगातार तीसरका जीत के आपन रोड मैप पेश कइल जाई।

आर्थिक प्रस्ताव में भारत के दुनिया के तीसरका सबसे बड़ अर्थव्यवस्था बनावे के संकल्प लिहल जाई, जवना के ऐलान खुद प्रधानमंत्री कs चुकल बाड़ें। किसान आंदोलन के देखत ई मानल जा रहल बा कि PM मोदी के किसानन खातिर अब तक कइल कामन के चरचा कs के भविष्य में किसानन खातिर प्रस्तावित योजनन पs प्रस्ताव आ सकत बा।

राम मंदिर निर्माण पs धन्यवाद प्रस्ताव

BJP के राष्ट्रीय अधिवेशन में राम मंदिर निर्माण खातिर धन्यवाद प्रस्ताव ले आवल जा सकत बा। BJP राम मंदिर निर्माण के मुद्दा जन-जन तक पहुंचावल चाहत बिया, जवना खातिर प्रस्ताव ले आवल जाई। हाले में तीन राज्यन में पार्टी के जीत पs धन्यवाद प्रस्ताव आ सकत बा।

संगही पिछला साल संसद से पास भइल महिला आरक्षण बिल पs धन्यवाद प्रस्ताव आ सकत बा। BJP महिला सशक्तिकरण के अपना नारे के लेके आउर जोर-सोर से चुनाव में जाइल चाहत बिया। राष्ट्रवाद के मुद्दा गरम रखे खातिर BJP अक्साई चीन आ पाकिस्तान अधिकृत कश्मीर से जुड़ल कवनो प्रस्तावो लेके आ सकत बा।

भारत मे आयोजित G-20 के लेके पार्टी धन्यवाद प्रस्ताव ले आ सकत बिया। इहे वजह बा कि अबकी बेर के अधिवेशन भारत मंडपम में हो रहल बा, जेमे G-20 के कार्यक्रम भइल रहे। पार्टी अपना नेता लोगन के माध्यम से जनता तक मैसेज भिजवावल चाहत बा है कि PM मोदी के नेतृत्व में भारत वर्ल्ड क्लास इन्फ्रास्ट्रक्चर आ सुविधा मुहैया करावे में केतना आत्मनिर्भर बन चुकल बा।

742290cookie-checkदिल्ली में BJP के दु दिवसीय राष्ट्रीय अधिवेशन आज से : देसभर से 11 हजार से जादे डेलिगेट्स जुटी लो, लोकसभा चुनाव में जीत के खातिर तैयार होई रोडमैप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.