- बिहार: पहिले जूनियर डॉक्टर लो पीटल, फेर हड़ताल पs गइल लो; बिहार के सबसे बड़ अस्पताल में जेकर भइल मौत, ओकरे के लात- घूंसन से मारल गइल। PMCH से रोजाना बिना इलाज के लवट रहल बा लो रोगी, 6 हजार बेसी मरीजन के इलाज प्रभावित।
- बिहार: बगहा में मिलल दुनिया के सबसे बड़ कीट… एटलस मॉथ; पंख पs सांप जइसन आकृति; देवी के अवतार मानके ग्रामीण कर रहल बा लो पूजा।
- उत्तर प्रदेश: शारदीय नवरात पs गोरखपुर पहुंचले CM योगी; बोलले- नाया भारत के नाया यूपी में सुनिश्चित होई खिलाड़ियन के जोगदान। महंत अवेधनाथ महाराज स्टेडियम आ सभागार के कइले लोकार्पण।
- उत्तर प्रदेश: इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के गेट पs छात्र लो बंद कइलस ताला; अनशन पs बइठल छात्रन के बीचे पहुंचले पूर्व आईपीएस अफसर अभिताभ ठाकुर, संगही छात्रा लोग भइल धरना में शामिल।
- झारखंड: अवैध बालू तस्करन के खिलाफ खूंटी प्रशासन के कार्रवाई, दु गो हाइवा समेत दु आरोपी गिरफ्तार। नइखे थमत बालू के अवैध कारोबार।
- पहिला सैलरी के जगे अंकिता के मिलल मौत: परिवार के मदद खातिर गांव छोड़ली, सभे घर में खुश रहे, अब घर में खाली इयाद।
- सरकार 10 यूट्यूब चैनलन से 45 वीडियो ब्लॉक कइलस: फेक न्यूज के माध्यम से खराब करत रहे माहौल। फेक न्यूज आ मॉर्फ्ड वीडियो के माध्यम से पड़ोसी देसन से संबंध खराब करत रहे वीडियो।
- CM के लेके राजस्थान कांग्रेस में बगावत: सोनिया सियासी संकट पs माकन-खड़गे से रिपोर्ट मंगली; गहलोत समर्थक पोलो मैच देखे पहुंचल लो। शर्त पs पर्यवेक्षकन के बा एतराज, हाईकमान के रिपोर्ट दिही लो।
- रूस के स्कूल में फायरिंग: 7 छात्रन समेत 13 के मौत, 20 घायल; मारल गइल लईकन के उमिर 11 साल से कम। छात्रन आ टीचर लोग पs हमला के बाद हमलावर खुदे कइलस खुदकुशी।
- बोखार के बीचे सूर्यकुमार खेलले 69 रन के पारी; डॉक्टर से कहले- गोली दs…. चाहे इंजेक्शन लगावs बाकिर साँझ ले ठीक करs। 36 गेना पs ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ निर्णायक मुकाबला में 69 रन के खेलले पारी।
साँझ के 10 बड़ खबर
Published on: Sep 26, 2022
बिहार: पहिले जूनियर डॉक्टर लो पीटल, फेर हड़ताल पs गइल लो; बिहार के सबसे बड़ अस्पताल में जेकर भइल मौत, ओकरे के लात- घूंसन से मारल गइल। PMCH से रोजाना बिना इलाज के लवट रहल
Share
Tags:
Bhojpuri News, big news, bihar news, breaking news, evening news, evening updates, jharkhand, News, top news, up news
Share this article






