GT vs RR: पहिले रियान पराग आ अब संजू सैमसन, राजस्थान रॉयल्स दोहरवलस उहे गलती; बीसीसीआई पूरी टीम के देलस सजा

Anurag Ranjan
राजस्थान रॉयल्स की टीम - फोटो : IPL/BCCI

स्पोर्ट्स डेस्क : आईपीएल 2025 में धीमा ओवर गति के कइयन गो ममिला सामने आ रहल बा। ताजा ममिला में राजस्थान रॉयल्स के कप्तान संजू सैमसन के एकर सजा भुगते के पड़ल बा। दरअसल, गुजरात टाइटंस के खिलाफ मैच गंववला के बाद सैमसन के एगो आउर झटका लागल बा। बीसीसीआई उनका पs मैच के दौरान धीमा ओवर गति बना के रखे खातिर 24 लाख रुपिया के जुर्माना लागल बा। गुजरात राजस्थान के एह मैच में 58 रन से करारी शिकस्त देले रहस। अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल गइल मुकाबला में पहिले बल्लेबाजी करत गुजरात 20 ओवर में छव विकेट गंवाके 217 रन बनवले रहे। जवाब में राजस्थान के टीम 19.2 ओवर में 159 रन पs सिमट गइल। साई सुदर्शन प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइलें।

सैमसन और रियान पराग - फोटो : IPL/BCCI
सैमसन और रियान पराग – फोटो : IPL/BCCI

सैमसन के अलावे बाकी खिलाड़ियन पs जुर्माना

आईपीएल जारी विज्ञप्ति में कहलस, ‘राजस्थान रॉयल्स के कप्तान संजू सैमसन पs जुर्माना लगावल गइल बा काहेकि उनकर टीम अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में गुजरात टाइटंस के खिलाफ आईपीएल 2025 के मैच नंबर 23 के दौरान धीमी ओवर गति बनाके रखले रहस। चूंकि ई आईपीएल के आचार संहिता के अनुच्छेद 2.22 के तहत उनकर टीम के सीजन के दूसरका अपराध रहे, जवन न्यूनतम ओवर-रेट अपराधों से संबंधित बा, एहिसे सैमसन पs 24 लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल।’ बयान में इहाे कहल गइल, ‘इम्पैक्ट प्लेयर सहित प्लेइंग इलेवन के बाकी सदस्यन पs भा छव लाख रुपिया भा ओह लोगन से संबंधित मैच फीस के 25 प्रतिशत, जवन कम होखे, जुर्माना लगावल जाई।’

रियान पराग - फोटो : PTI
रियान पराग – फोटो : PTI

सैमसन से पहिले पराग पs लागल रहे जुर्माना

सैमसन से पहिले रियान पराग पs धीमी ओवर गति खातिर 12 लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल रहे। पराग राजस्थान के सुरुआती तीनो मैच में कार्यवाहक कप्तान के भूमिका निभवले रहस। तब सैमसन चोटिल रहस। गुजरात के टीम पांच मैचन में चार जीत आ एक हार के संगे अंक तालिका में शीर्ष पs बिया, जबकि राजस्थान रॉयल्स पांच मैचन में दु जीत आ तीन हार के संगे सातवां स्थान पs बिया।

रजत पाटीदार - फोटो : PTI
रजत पाटीदार – फोटो : PTI

पांच कप्तानन पs लागल जुर्माना

ई एह साल अब तक खेलल गइल 23 मैचन में पांचवां बेर बा जब कवनो टीम के कप्तान पs धीमा ओवर गति खातिर जुर्माना लगावल गइल बा। बीसीसीआई सत्र सुरू होखला से पहिले नियमन में ढिलाई देले रहे। कप्तानन के बैन करे के प्रावधान के हटा दिहल गइल रहे। ओकरा बाद धीमी ओवर गति खातिर एही सत्र के सुरुआत में मुंबई के कप्तान हार्दिक पs, लखनऊ के कप्तान ऋषभ पंत आ राजस्थान रॉयल्स के कार्यवाहक कप्तान रियान पराग पs आ आरसीबी के कप्तान रजत पाटीदार पs 12-12 लाख रुपिया के जुर्माना लाग चुकल बा।

हार्दिक पांड्या - फोटो : ANI
हार्दिक पांड्या – फोटो : ANI

पिछलका सत्र में हार्दिक कइले रहस गलती

हार्दिक के पिछलका सत्र में टीम के आखिरी मैच के दौरान धीमा ओवर गति उल्लघंन खातिर एगो मैच खातिर निलंबित कइल गइल रहे। एह वजह से ऊ आईपीएल 2025 के पहिला मैच नहीं खेल सकल रहस। हालांकि, बीसीसीआई अब निलंबन के नियम के हटा देले बा आ खाली जुर्माना से काम चलावल गइल। एह सत्र के सुरुआत से पहिले आईपीएल गवर्निंग काउंसिल कप्तानन के संगे मीटिंग कइले रहे आ प्रतिबंध के नियम के हटावे के फैसला लेले रहे। बैठक में एह बात पs सहमति बनल कि धीमा ओवर गति खातिर कप्तानन के डिमेरिट अंक दिहल जाई आ जुर्माना लगावल जाई। प्रतिबंध खाली गंभीर ममिलन में लगावल जाई।

आईपीएल 2025 - फोटो : IPL/BCCI

कप्तानन के मिली डिमेरिट अंक

क्रिकबज के रिपोर्ट के माेताबिक, कप्तान के डिमेरिट अंक के संगे दंडित कइल जाई, बाकिर धीमी ओवर गति खातिर मैच प्रतिबंध के सामना ना करे के पड़ी। लेवल 1 के अपराध पs डिमेरिट अंकन के संगे 25 से 75 प्रतिशत मैच फीस काटल जाई, जवना के गणना अगिला तीन बरिस खातिर कइल जाई। लेवल 2 के अपराध अगर वास्तव में गंभीर मानल जात बा तs चार डिमेरिट अंक दिहल जाई। एमे आगे कहल गइल बा कि, हर 4 डिमेरिट पॉइंट खातिर मैच रेफरी 100 प्रतिशत जुर्माना भा अतिरिक्त डिमेरिट अंक के रूप में जुर्माना लगावल जा सकत बा। एह डिमेरिट पॉइंट के कारण भविष्य में मैच पs प्रतिबंध लाग सकत बा, बाकिर धीमी ओवर गति खातिर मैच पs प्रतिबंध (तुरंत) ना लगावल जाई।

Read Also: Waqf Law: देसभर में वक्फ संशोधन अधिनियम लागू, केंद्र सरकार जारी कइलस अधिसूचना; जानीं का बदलाव भइल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment