संभल में 46 साल बाद खुलल मंदिर के इनार से निकलल माई पार्वती आ गणेश जी के मूरती

Minee Upadhyay
संभल में 46 साल बाद खुलल मंदिर के इनार से निकलल माई पार्वती आ गणेश जी के मूरती
- Sponsored Ads-

प्रशासन के अतिक्रमण अवुरी बिजली चोर के खिलाफ कार्रवाई के दौरान यूपी के संभल में भईल हिंसा के बाद रोज सनातन के नाया सबूत मिलता।  संभल के मंदिर के पास मिलल इनार के खुदाई आज तीसरा दिन जारी बा। आज इनार से हिन्दू देवी-देवता के तीन गो मूर्ति मिलल बा। एहमें से एगो भगवान गणेश के मूरती हs आ स्थानीय लोग एगो मूरती के देवी पार्वती के मूरती बतावत बाड़े जवन टूटल बा.

संभल में करीब 15 से 20 फीट के इनार खोदल गइल बा।  आगे खोदला पs सनातन के अउरी सबूत मिल सकेला।  खुदाई के दौरान मौजूद स्थानीय लोग जब इनार से मूरती के बाहर निकलत देखले तs उs लोग अचरज में पड़ गईले।

- Sponsored Ads-

शिव मंदिर में भक्त जलाभिषेक करे आइल रहले
बता दीं कि संभल के नखासा थाना क्षेत्र के मोहल्ला ख़ग्गू सराय में स्थित शिव मंदिर के कपाट खुलला के बाद पुलिसकर्मी खुद मूर्ति के सफाई कईले रहले।  एह दौरान हर हर महादेव के नारा से पूरा आसमान गूंजत रहे। 46 साल बाद खुलल मंदिर में पूजा शुरू हो गईल बा।  आज भी भारी संख्या में भक्त जलाभिषेक करे आईल रहले। बता दीं कि ई शिव मंदिर सपा सांसद ज़ियाउर्रहमान बर्क के घर से थोड़ी दूरी पs बा।  एह शिव मंदिर पs प्राचीन महादेव मंदिर लिखल बा आ मंदिर परिसर में मिलल इनार के भी खुदाई हो रहल बा। 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।