संभल में 46 साल बाद खुलल मंदिर के इनार से निकलल माई पार्वती आ गणेश जी के मूरती

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2024

प्रशासन के अतिक्रमण अवुरी बिजली चोर के खिलाफ कार्रवाई के दौरान यूपी के संभल में भईल हिंसा के बाद रोज सनातन के नाया सबूत मिलता।  संभल के मंदिर के पास मिलल इनार के खुदाई आज

Share

संभल में 46 साल बाद खुलल मंदिर के इनार से निकलल माई पार्वती आ गणेश जी के मूरती

प्रशासन के अतिक्रमण अवुरी बिजली चोर के खिलाफ कार्रवाई के दौरान यूपी के संभल में भईल हिंसा के बाद रोज सनातन के नाया सबूत मिलता।  संभल के मंदिर के पास मिलल इनार के खुदाई आज तीसरा दिन जारी बा। आज इनार से हिन्दू देवी-देवता के तीन गो मूर्ति मिलल बा। एहमें से एगो भगवान गणेश के मूरती हs आ स्थानीय लोग एगो मूरती के देवी पार्वती के मूरती बतावत बाड़े जवन टूटल बा.

संभल में करीब 15 से 20 फीट के इनार खोदल गइल बा।  आगे खोदला पs सनातन के अउरी सबूत मिल सकेला।  खुदाई के दौरान मौजूद स्थानीय लोग जब इनार से मूरती के बाहर निकलत देखले तs उs लोग अचरज में पड़ गईले।

शिव मंदिर में भक्त जलाभिषेक करे आइल रहले
बता दीं कि संभल के नखासा थाना क्षेत्र के मोहल्ला ख़ग्गू सराय में स्थित शिव मंदिर के कपाट खुलला के बाद पुलिसकर्मी खुद मूर्ति के सफाई कईले रहले।  एह दौरान हर हर महादेव के नारा से पूरा आसमान गूंजत रहे। 46 साल बाद खुलल मंदिर में पूजा शुरू हो गईल बा।  आज भी भारी संख्या में भक्त जलाभिषेक करे आईल रहले। बता दीं कि ई शिव मंदिर सपा सांसद ज़ियाउर्रहमान बर्क के घर से थोड़ी दूरी पs बा।  एह शिव मंदिर पs प्राचीन महादेव मंदिर लिखल बा आ मंदिर परिसर में मिलल इनार के भी खुदाई हो रहल बा। 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.