Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन रद्द: छपरा जंक्शन के यार्ड रिमॉडलिंग के लेके गाड़ियन के परिचालन प्रभावित, विद्युतीकरण के चल रहल बा काम

166

रेल प्रशासन यात्री सुविधा में बढ़न्ती आ परिचालनिक सुगमता खातिर छपरा जं. के यार्ड रिमॉडलिंग, छपरा जं.-गौतमस्थान के बीच नव किमी तक के दोहरीकरण आ विद्युतीकरण काम आ छपरा-छपरा कचहरी के बीच तीसरी लाइन के निर्माण कइल जा रहल बा। एह काम के कइल गइला के कारण पहिले से कइल कइल कुछ गाड़ियन के परिचालन रद्द कइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकरी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।

रद्द ट्रेनन के सूची:-

  • सोनपुर से नव से 15 जनवरी तक चले वाली 05241 सोनपुर-पंचदेवरी अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • पंचदेवरी से नव से 16 जनवरी तक चले वाली 05242 पंचदेवरी-सोनपुर अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • छपरा कचहरी से नव से 15 जनवरी तक चले वाली 05124 छपरा कचहरी-थावे अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • सोनपुर आ छपरा से नव से 14 जनवरी तक चले वाली 05245/05246 सोनपुर-छपरा-सोनपुर अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • सोनपुर आ छपरा से नव से 14 जनवरी तक चले वाली 05247/05248 सोनपुर-छपरा-सोनपुर अनारक्षित मेमू विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • थावे से नव से 17 जनवरी तक चले वाली 05121 थावे-छपरा कचहरी अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • वाराणसी सिटी आ छपरा से नव से 15 जनवरी तक चले वाली 05446/05445 वाराणसी सिटी-छपरा-वाराणसी सिटी अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • थावे आ मसरख से नव से 16 जनवरी तक चले वाली 05440/05441 थावे-मसरख-थावे अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • औंड़िहार से नव से 15 जनवरी तक चले वाली 05136 औंड़िहार-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • छपरा से 10 से 16 जनवरी तक चले वाली 05135 छपरा-औंड़िहार अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • गोरखपुर से नव से 15 जनवरी तक चले वाली 05154 गोरखपुर-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • सीवान से 10 से 16 जनवरी तक चले वाली 05146 सीवान-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
705880cookie-checkछपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन रद्द: छपरा जंक्शन के यार्ड रिमॉडलिंग के लेके गाड़ियन के परिचालन प्रभावित, विद्युतीकरण के चल रहल बा काम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.