UP: पूर्व विधायक विनय शंकर तिवारी आ गंगोत्री इंटरप्राइजेज के निदेशक अजीत पांडेय गिरफ्तार

Anurag Ranjan

गाेरखपुर : प्रदेश के पूर्व मंत्री स्व. हरिशंकर तिवारी के बेटा आ समाजवादी पार्टी (सपा) के पूर्व विधायक विनय शंकर तिवारी के प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) गिरफ्तार कs लेले बिया। उनका संगही उनकर कंपनी गंगोत्री इंटरप्राइजेज के निदेशक अजीत पांडेय के गिरफ्तार कइल गइल बा। ई गिरफ्तारी सोमार के सबेरे भइल छापेमारी के दौरान कइल गइल।

ईडी के टीम पहिलहूं विनय तिवारी के गोरखपुर, लखनऊ, नोएडा आ मुंबई सहित देस के आउर कइयन जगहन पs रेड कइले रहे। सोमार के कार्रवाई के एक संगे पूरा देस में अंजाम दिहल गइल रहे। सूत्रन के अनुसार, ईडी एह ममिला में चार्जशीट तइयार कs लेल बिया, जवना के जल्दिये कोर्ट में पेश कइल जाई।

ईडी के जांच में ई खुलासा भइल कि गंगोत्री इंटरप्राइजेज लिमिटेड अपना प्रमोटरन आ निदेशकन के संगे मिलके बैंक ऑफ इंडिया के नेतृत्व वाला सात बैंकन के कंसोर्टियम से 1129.44 करोड़ रुपिया के क्रेडिट सुविधा प्राप्त कइले रहे। बाद में एह रकम के आउर कंपनियन में डायवर्ट कs दिहल गइल आ बैंकन के राशि वापस ना कइल गइल, जवना से कंसोर्टियम के करीब 754.24 करोड़ रुपिया के नुकसान भइल।

ईडी नवंबर 2023 में विनय शंकर तिवारी के 72.08 करोड़ रुपिया के संपत्तियन के जब्त कइले रहे। एह संपत्तियन में गोरखपुर, महराजगंज आ लखनऊ इस्थित 27 संपत्ति सामिल रहे, जेमे कृषि जोग भूमि, बेवसायिक कांप्लेक्स, आवासीय परिसर आ भूखंड सामिल रहे। ई कार्रवाई बैंकन के ओर से कइल गइल शिकायत के आधार पs सीबीआई के ओर से दर्ज कइल गइल केस के बाद कइल गइल।

Read Also: गोरखपुर में सपा नेता विनय शंकर तिवारी के ठि‍कानन पs ED के छापामारी

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment