itel Unveils S9 Pro इयरबड्स लॉन्च, 40 घंटा के प्लेबैक आ एआई न्वॉइज कैंसिलेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 6, 2024

itel S9 Pro इयरबड्स के भारत में लॉन्च कs दिहल गइल बा। ई 40 घंटा के प्लैबक टाइम के संगे आवेला। माने एक बेर चार्ज कs के करीब दु दिनन तक आराम से इस्तेमाल कइल

Share

itel S9 Pro इयरबड्स के भारत में लॉन्च कs दिहल गइल बा। ई 40 घंटा के प्लैबक टाइम के संगे आवेला। माने एक बेर चार्ज कs के करीब दु दिनन तक आराम से इस्तेमाल कइल जा सकी। एमे दुगो माइक एआई-ईएनसी माने एनवायरमेंट नॉइज़ कैंसिलेशन सपोर्ट दिहल गइल बा।

इयरबड्स में टाइप-सी फास्ट चार्जिंग सपोर्ट दिहल गइल बा। ई एक बेर चार्ज कइला पs 40 घंटा बैटरी बैकअप के संगे आवेला। जदि कीमत के बात करीं तs itel S9 Pro के मात्र 799 रुपिया में किन पाएम। itel 9 Pro इयरबड्स में एआई-ईएनसी सपोर्ट दिहल गइल बा।

इयरबड्स में मिली सानदार ऑडियो एक्सपीरिएंस

एमे रउआ लमहर बैटरी लाइफ मिलत बा। संगही सानदार ऑडियो एक्सपीरिएंस दिहल गइल बा। ई इयरबड सानदार कनेक्टिविटी के संगे आवेला। itel 9 Pro इयरबड्स में सानदार डिजाइन दिहल जाला। एमे 10mm बास बूस्ट ड्राइवर दिहल गइल बा। एमे इमर्सिव ऑडियो एडवेंचर मिलेला। इयरबड IPX5 वॉटर-रेसिस्टेंट डिजाइन के संगे आवेला। माने इयरबड्स जल्दी पानी आ धूरा से खराब ना होई।

बैटरी लाइफ

एह इयरबड में ब्लूटूथ V5.3 सपोर्ट दिहल गइल बा। एमे 10 मीटर (30 फीट) तक कनेक्टिविटी मिलेलाह। itel S9 Pro में 5ms के लेटेंसी मिलेला। एकरा हर एक इयरबड में 40mAh बैटरी मिलेला, जबकि चार्जिंग केस 400mAh बैटरी के संगे आवेला। एमे टाइप-सी चार्जिंग इंटरफेस दिहल गइल बा। यूजर खाली 10 मिनट के चार्जिंग में 100 मिनट नॉनस्टॉप म्यूजिक सुन पाई लो। एमे इन-इयर डिटेक्शन आ वॉयस एक्टिवेशन के सुविधा मिलेला।

itel S9 Pro ईयरबड्स गहिराह बुलू और नेबुला ब्लैक कलर ऑप्शन में आवेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.