Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nitish Kumar 4325 राजस्व कर्मियन के देल नियुक्ति पत्र, इयाद दियवले विशेष दरजा के मांग

Nitish Kumar 4325 राजस्व कर्मियन के मंगर के नियुक्ति पत्र देले बाड़े। एह लो के नौकरी राजस्व आ भूमि सुधार विभाग में लागल बा। मुख्यमंत्री आज अधिवेशन भवन में आयोजित कार्यक्रम में नियुक्ति पत्र प्रदान कइले। कार्यक्रम के संबोधित करत ऊ बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिहल जाये के मांग के इयाद दियवले। 

372

Nitish Kumar 4325 राजस्व कर्मियन के मंगर के नियुक्ति पत्र देले। कार्यक्रम के आयोजन आज अधिवेशन भवन मकइल गइल। एमे राजस्व कर्मियन के नियुक्ति पत्र प्रदान कइल गइल। एह मवका ऊ बिहार के विशेष राज्य के दरजा दिहल जाये के मांग के दोहरवले। सीएम कहले कि बिहार में भूमि विवाद के ममिला सबसे जादे बा। 60 प्रतिशत हत्या जमीन विवाद में होला। सब आदमी ठीक ना होला। पुलिस आपन काम कर रहल बिया।

मीडिया खाली दिल्ली वालन के प्रचार करेले

मुख्यमंत्री भाजपा आ केंद्र सरकार प बड़ा हमला करत कहले कि बिहार में कइयन गो अच्छा आ बेहतर काम भइल बा। बाकिर देश में मीडिया खाली दिल्ली वालन के प्रचार करेले। राज्य में महिला लोगन के उत्थान खातिर आजीविका समूह बनावल गइल बा। महिला अपना गोड़ प खड़ा होखे लो, एकरा से बेहतर कुछ ना होई। ऊ कहले कि राज्य में लोगन के सब समस्यन के निदान होई।

2700 पदन प बहाली होई

नीतीश कुमार कहले कि राजस्व कर्मचारियन प काम के बोझ बा। राज्य में सब कुछ बा। खाली युवा लोगन के रोजगार देवे के बा। ऊ कहले कि जल्दिये 2700 आउर पदन प बहाली होई। जमीन से जुडल सब समस्यन के हल होई। जमीन सर्वे के काम कइल जा रहल बा। ऊ आपराधिक घटना के लेके कहले कि सब आदमी ठीक ना होला। राज्य में घचपच होत रहेला।लोगन के काम हs बोलल-हम काम करत रहेम।

पहिला राज्य जवन निकाय चुनाव में महिला लोगन के देलस आरक्षण

नीतीश कुमार कहले कि बिहार पहिला राज्य ह जहां नगर निकाय आ पंचायत चुनाव में महिला लोगन के आरक्षण दिहल गइल। ऊ कहले कि सरकार महिला लोगन खातिर काम कर रहल बिया। हमनी के लईकियन के शिक्षा खातिर काम कइनी स।ऊ जनसंख्या नियंत्रण प कहले कि लईकी लोग शिक्षित हो रहल बा। अइसन में प्रजनन दर खुद से घट रहल बा। ऊ कहले कि राज्य में मजबूती से काम हो रहल बा। ऊ युवा लोगन के कहले कि ऊ लोग झांसा में मत आवे लो, सरकार दिही नौकरी, गलत कामन से परहेज करे लो।

336090cookie-checkNitish Kumar 4325 राजस्व कर्मियन के देल नियुक्ति पत्र, इयाद दियवले विशेष दरजा के मांग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.