शोध : महिला के दिमाग पुरुष के दिमाग से जादे गरम

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2023

शोध : महिला के दिमाग पुरुष के दिमाग से जादे गरम महिला के दिमाग पुरुष से जादे गरम होला। गुस्सा के मामला में ना, तापमान के मामला में। महिला के दिमाग के तापमान पुरुष के

Share

शोध : महिला के दिमाग पुरुष के दिमाग से जादे गरम

महिला के दिमाग पुरुष से जादे गरम होला। गुस्सा के मामला में ना, तापमान के मामला में। महिला के दिमाग के तापमान पुरुष के मुक़ाबले आधा डिग्री तक गरम होला। खास तौर पे दिन में महिला के दिमाग के तापमान करीब 40.9 डिग्री सेल्सियस तक बढ़ जाला।

कैम्ब्रिज के एमआरसी लैबोरेटरी फॉर मोलेकुलर बायोलॉजी के शोध से पाता चलल कि शरीर के बाकी हिस्सा के तापमान 37 डिग्री सेल्सियस तक बा, लेकिन दिमाग के औसत तापमान 38.5 डिग्री सेल्सियस तक बा। हालांकि दिमाग के भीतरी हिस्सा के तापमान 40 डिग्री सेल्सियस तक गरम हो सकता।

शोध में पाता चलल बा कि हो सकता कि मासिक धर्म चक्र के चलते महिला के दिमाग के तापमान जादा हो जाला। शोध से जुड़ल डॉ. जॉन ओनील कहले कि, ‘ए शोध में सबसे अचरज के बात इ निकलल कि कबो-कबो इंसान के दिमाग के तापमान बहुत बढ़ जाला।’ अगर शरीर के तापमान एतना बढ़ जाला त उ बोखार के श्रेणी में आवेला। एतना जादा तापमान सिर्फ ओ लोग में नापल गईल बा, जवन कि कबो माथा में चोट के शिकार भईल बाड़े।

उमर बढ़ला के संगे दिमाग के तापमान भी बढ़ जाला। शोधकर्ता के कहनाम बा कि, उमर बढ़ला के संगे दिमाग के ठंडा होखे के क्षमता कम होखे लागेला। हालांकि, शोध करे के जरूरत बा कि इ कवनो मानसिक विकार के चलते बा कि ना।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.