स्पाेर्ट्स डेस्क : इंग्लैंड के बल्लेबाज हैरी ब्रूक 22 मार्च से सुरू होखे वाला इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) से पहिले दिल्ली कैपिटल्स के संगे आपन अनुबंध समाप्त कs देले बाडें जवना खातिर उनका पs एह टूर्नामेंट में खेलला पs दु साल के प्रतिबंध लाग सकत बा। ई लगातार दूसरका सत्र हs जब इंग्लैंड के ई 26 वर्षीय खिलाड़ी आईपीएल खातिर खुद के अनुपलब्ध रखले बा। एकरा खातिर ऊ फ्रैंचाइजी आ ओकरा समर्थकन से माफी मंगले।
ब्रुक सोशल मीडिया पs लिखलें, ‘हमर आईपीएल के अगिला सत्र से हटे के बहुते मुश्किल फैसला कइले बानी। हम दिल्ली कैपिटल्स आ ओकरा समर्थकन से बिना शर्त माफी मांगत बानी।’ ऊ कहलें, ‘ई इंग्लैंड क्रिकेट खातिर वास्तव में महत्वपूर्ण समय बा आ आगामी श्रृंखला के तइयारी खातिर पूरा तरे से प्रतिबद्ध होखल चाहत बानी।’
ब्रूक कहलें, ‘एकरा खातिर हमराअपना अब तक के करिअर के सबसे व्यस्त दौआ के बाद तरोताजा होखे खातिर समय चाहीं। हम जानत बानी कि हर केहू एकरा के ना समझी आ हम ओह लोगन के एकरा खातिर उम्मीदों नइखी कs सकत बानी, बाकिर हमरा ऊ करे के होई जवन हमरा लागत बा कि सही बा आ अपना देस खातिर हमार प्राथमिकता बा आ हमार ध्यान एह पs बा।’
ब्रूक अपना दादी के निधन के कारण आईपीएल के पिछला सत्र से नाम वापस ले लेले रहस। भारतीय क्रिकेट बोर्ड (बीसीसीआई) के आईपीएल से जुड़ल नियमन के अनुसार जदि कवनो बिदेसी खिलाड़ी नीलामी में चुनल गइला के बाद अनफिट ना होखला के इस्थिति में एह टूर्नामेंट में नइखे खेलत तs ओकरा पs आईपीएल में खेलला पs दु साल के प्रतिबंध लगावल जा सकत बा।
बीसीसीआई के ओर से पिछला साल टीमन के संगे साझा कइल गइल दस्तावेज के अनुसार, ‘ कवनो (बिदेसी) खिलाड़ी जवन नीलामी खातिर पंजीकरण करत बा आ नीलामी में चुनल गइला के बाद सत्र के सुरुआत से पहिलही खुद के अनुपलब्ध घोषित करत बा लाे तs ओह दु सत्र खातिर आईपीएल आ आईपीएल नीलामी में भाग लेवे से प्रतिबंधित कs दिहल जाई।’
Read Also: Champions Trophy 2025: चैंपियन भारत पs भइल पईसन के बरखा, उपविजेता आ बाकी टीमन के मिलल एतना रुपिया