PAK vs IRE Playing 11: बेंच स्ट्रेंथ के आजमाई दुनु टीम, अबरार अहमद आ अब्बास अफरीदी के मिल सकऽता मौका

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2024

टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के 36वां मुकाबला में ऐतवार के पाकिस्‍तान क्रिकेट टीम के सामना आयरलैंड से होई। दुनु टीमन के ग्रुप स्‍टेज में ई आखिरी मैच बा। दुनु टीम पहिलहीं सुपर 8 के रेस

Share

टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के 36वां मुकाबला में ऐतवार के पाकिस्‍तान क्रिकेट टीम के सामना आयरलैंड से होई। दुनु टीमन के ग्रुप स्‍टेज में ई आखिरी मैच बा। दुनु टीम पहिलहीं सुपर 8 के रेस से बाहर हो गइल बाड़ी सन। अइसे में ओकर कोशिश जीत के साथे टूर्नामेंट से विदा लेवे पs होइ। ई मैच फ्लोरिडा के सेंट्रल ब्रोवार्ड रीजनल पार्क स्टेडियम में होई।

दुनु टीम के बीच ई टक्‍कर फ्लोरिडा के सेंट्रल ब्रोवार्ड रीजनल पार्क स्टेडियम टर्फ ग्राउंड में होई। ग्रुप ए के ई दुनु टीम अब सुपर 8 के रेस से बाहर हो चुकल बाड़ी सन। अइसे में दुनु कप्‍तान जीत के साथे टूर्नामेंट से विदा लेवे चहिहें । आखिरी मैच में दुनु टीम आपन बेंच स्ट्रेंथ के आजमा सकऽत बाड़ी सन। पाकिस्‍तान टीम में अबरार अहमद आ अब्बास अफरीदी के मौका मिल सकऽता।

पाकिस्‍तान टीम के अब तक के प्रदर्शन

टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 में पाकिस्‍तान टीम के प्रदर्शन के बात कइल जाव तऽ टीम 3 में से सिर्फ 1 मैच जीतल आ 2 में ओकरा हार मिलल। पाकिस्‍तान के अपना पहिला मैच में अमेरिका के हाथे सुपर ओवर में हार के सामना करे पड़ल रहे। एकरा बाद भारतीय टीम बाबार आजम के कप्‍तानी वाली टीम के 6 रन से मात देले रहे। अपना पिछिलका मैच में पाकिस्‍तान कनाडा के 7 विकेट से परास्‍त कइले रहे।

टूर्नामेंट में आयरलैंड के प्रदर्शन

टूर्नामेंट में आयरलैंड टीम के प्रदर्शन पs नजर डालल जाव तऽ टीम ने अबहीं ले जीत के स्‍वाद नइखे चिखले। आयरलैंड के अपना पहिलका मैच में भारतीय टीम से शिकस्‍त मिलल रहे। एकरा बाद कनाडा आयरलैंड के 12 रन से पटकलें रहे। अमेरिका आ आयरलैंड के बीच खेलल गइल पिछला मैच बारिश के चलते रद्द हो गइल रहे। अइसे में दुनु टीमन के 1-1 अंक मिलल।

दुनु टीमन के संभावित प्‍लेइंग 11

पाकिस्तान: मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), सैम अयूब, बाबर आजम (कप्‍तान), फखर जमान, उस्मान खान, शादाब खान, अबरार अहमद, शाहीन अफरीदी, नसीम शाह, हारिस रऊफ, अब्बास अफरीदी।

आयरलैंड: एंड्रयू बालबर्नी, पॉल स्टर्लिंग (कप्तान), लोर्कन टकर (विकेटकीपर), हैरी टेक्टर, कर्टिस कैंपर, जॉर्ज डॉकरेल, गैरेथ डेलानी, मार्क अडायर, बैरी मैक्कार्थी, जोशुआ लिटिल, क्रेग यंग।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.