Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

6 बरिस बाद भारत बनल टी-20 में नम्बर एक, तिसरका टी-20 में वेस्टइंडीज के 17 रन से हरा के 3-0 से जीतल सीरिज

184

टीम इंडिया वेस्टइंडीज के तिसरका अउर अंतिम टी-20 मैच में 17 रन से हरा के 3 मैच के सीरीज में क्लीन स्वीप कs ललेहले बिया। वेस्टइंडीज के आगे 185 रन के लच्छ रहल, जेकरे जवाब में टीम 167/9 रनवे बना पवलस अउर मुकाबला हार गइल। निकोलस पूरन (61) सबसे ढेर रन बनावे वाला रहनें रहे। भारत ओर से हर्षल पटेल अउर शार्दूल ठाकुर 3-3 विकेट चटकवननें। रोहित ब्रिगेड एसे पहिले 3 मैच के वनडे सीरीजओ के सबी मुकाबला जीतल रहे|

6 साल बाद T-20 में नंबर 1
भारत 6 बरिस के लमहर अगोरा के बाद ICC टी-20 रैंकिंग में पहिला सीढी पर चहुँपल बा। एकरे पहिले टीम 3 मई 2016 के टी-20 रैंकिंग में नंबर 1 बनल रहलि। ओ समय कप्तान महेंदर सिंह धोनी रहनें। धोनी के बाद रोहित टीम के पहिला नम्बर पs  चहुँपवनें। एमएस धोनी के बाद विराट कोहली के टीम के कप्तान बनावल गइल रहल, लेकिन ऊ अपने लीडरशिप में टीम के नंबर-1 नाइ बना पवनें।

 

साभार – दैनिक भास्कर

220100cookie-check6 बरिस बाद भारत बनल टी-20 में नम्बर एक, तिसरका टी-20 में वेस्टइंडीज के 17 रन से हरा के 3-0 से जीतल सीरिज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.