Champions Trophy 2025: चैंपियन भारत पs भइल पईसन के बरखा, उपविजेता आ बाकी टीमन के मिलल एतना रुपिया

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 10, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क : कप्तान रोहित शर्मा के बल्ला के कमाल आ स्पिनरन के धमाल के दम पs भारत न्यूजीलैंड के चार विकेट से हराके रिकॉर्ड तीसरका बेर चैंपियंस ट्रॉफी अपना नावे कइलस। एह मैच से

Share

CT 2025 Final: पुरस्कार समारोह में गायब रहल मेजबान पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के अधिकारी, भइल विवाद; अख्तर भड़कलें

स्पोर्ट्स डेस्क : कप्तान रोहित शर्मा के बल्ला के कमाल आ स्पिनरन के धमाल के दम पs भारत न्यूजीलैंड के चार विकेट से हराके रिकॉर्ड तीसरका बेर चैंपियंस ट्रॉफी अपना नावे कइलस। एह मैच से पहिले रोहित के संन्यास के अटकल लगावल जा रहल बा बाकिर ऊ अपना चिर परिचित फॉर्म में लवट के आलोचकन के मुंह बंद कs देलें। उनका कप्तानी में टी20 विश्व कप 2024 के बाद भारत दूसरका आईसीसी खिताब जीतलस।

भारत टूर्नामेंट में बिना एको मैच गंववले बिना 2002 आ 2013 के बाद तीसरका बेर खिताब जीतलस। कवनो दोसर टीम तीन बेर ई ट्रॉफी नइखे जीत सकल। विजेता भारत पs पईसन के बरखा भइल बा। भारतीय टीम के 2.4 मिलियन अमेरिका डॉलर माने करीब 19.5 करोड़ रुपिया मिलल। अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) चैंपियंस ट्रॉफी खातिर इनामी राशि में पिछला बेर के तुलना में 53 प्रतिशत के इजाफा कइले रहे।

उपविजेता टीम के मिलल 9.72 करोड़ रुपिया

विजेता के अलावा उपविजेता न्यूजीलैंड के टीम के 1.12 मिलियन डॉलर (करीब 9.72 करोड़ रुपिया) मिलल, जबकि सेमीफाइनल में बाहर होखे वाली दुनो टीम ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका के 56000 डॉलर (4.86 करोड़ रुपिया) मिलल। एह टूर्नामेंट के कुल इनामी राशि बढ़के 6.9 मिलियन डॉलर (करीब 60 करोड़ रुपिया) भइल रहे। आईसीसी के अध्यक्ष जय शाह एगो बयान में कहले रहस, पर्याप्त पुरस्कार राशि खेल में निवेश करे आ हमनी के आयोजनन के वैश्विक प्रतिष्ठा बना के रखला खातिर आईसीसी के प्रतिबद्धता के रेखांकित करत बा।

आउर टीमन के केतना रुपिया मिलल?

कवनो टीम के ग्रुप चरण में जीत हासिल कइला पs 34,000 डॉलर (30 लाख रुपिया) के पुरस्कार राशि मिलल। पांचवां आ छठा स्थान पs रहे वाली टीमन के 350000 डॉलर (करीब तीन करोड़ रुपिया), जबकि सातवां आ आठवां स्थान पs रहे वाली टीमन के 140000 डॉलर (करीब 1.2 करोड़ रुपिया) मिलल। एकरा अतिरिक्त सब आठ टीमन के एह आईसीसी टूर्नामेंट में हिस्सा लेवे खातिर 125000 डॉलर (करीब 1.08) करोड़ रुपिया के राशि दिहल गइल।

Read Also: Lalit Modi: ललित मोदी के बड़ झटका, वानुअतु के प्रधानमंत्री पासपोर्ट रद्द करे के देले आदेस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.