GG W vs RCB W: बेंगलुरु हासिल कइलस WPL के सबसे बड़ लक्ष्य, ऋचा घोष जड़ली चउथा सबसे तेज अर्धशतक

Anurag Ranjan

स्पोर्ट्स डेस्क : ऋचा घोष आ कनिका अहुजा के अर्धशतकीय साझेदारी के बदौलत रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु गुजरात टाइटंस के छव विकेट से हराके महिला प्रीमियर लीग के सानदार आगाज कइलें। पहिलके मैच में स्मृति मंधाना के टीम एह टूर्नामेंट के सबसे बड़ लक्ष्य हासिल कs इतिहास रच दिहल।

आरसीबी हासिल कइलस सबसे बड़ लक्ष्य

सुक के वडोदरा के कोतांबी स्टेडियम में खेलल गइल एह मुकाबला में टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरर गुजरात जायंट्स बेथ मूनी आ एश्ले गार्डनर के अर्धशतकीय साझेदारियन के बदौलत 20 ओवर में पांच विकेट पs 201 रन बनवलें। जवाब में गत चैंपियन टीम एलिस पेरी आ ऋचा घोष के अर्धशतकीय पारियन के दमपर 18.3 ओवर में चार विकेट पs 202 रन बनवलें आ मुकाबला अपना नाम कs लिहल।

महिला प्रीमियर लीग में हासिल कइल गइल सबसे बड़ लक्ष्य

लक्ष्यटीमविपक्षी टीमस्थानवर्ष
202रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरुगुजरात जायंट्स वडोदरा2025*
191मुंबई इंडियंस गुजरात जायंट्स दिल्ली2024
189रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु गुजरात जायंट्स ब्रेबोर्न2023
179यूपी वॉरियर्स गुजरात जायंट्स ब्रेबोर्न2023
172मुंबई इंडियंस दिल्ली कैपिटल्स बेंगलुरु2024

दूसरका बेर एह टूर्नामेंट में लागल सबसे जादे छक्का

एह मुकाबला में कुल 403 रन बनल। महिला प्रीमियर लीग के एगो मैच में सबसे जादे रन बनल बा। एकरा अलावे आरसीबी बनाम गुजरात मैच में कुल 16 छक्का लागल। ई एह टूर्नामेंट में दूसरका बेर भइल बा जब कवनो मुकाबला में सबसे जादा छक्का लागल बा। एकरा पहिले 2024 में बेंगलुरु में खेलल गइल आरसीबी बनाम दिल्ली मुकाबला में 19 छक्का लागल रहे।

महिला प्रीमियर लीग के एक मैच में बनल सर्वाधिक रन

कुल रनटीमेंस्थानवर्ष
403गुजरात जायंट्स बनाम रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु वडोदरा2025*
391गुजरात जायंट्स बनाम रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु ब्रेबोर्न2023
386रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु बनाम दिल्ली कैपिटल्स ब्रेबोर्न2023
381गुजरात जायंट्स बनाम मुंबई इंडियंस दिल्ली2024
380दिल्ली कैपिटल्स बनाम यूपी वॉरियर्स डीवाई पाटिल2023

एलिस पेरी के बाद ऋचा घोष ने मचाया धमाल

लक्ष्य के पीछा करे उतरल आरसीबी के सुरुआत तेज भइल। स्मृति मंधाना अच्छा फॉर्म में लउकत रहली, बाकिर एश्ले गार्डनर उनका दूसरका ओवर में आपन शिकार बना लेलस। ऊ दु चौकन के मदद से नव रन बनाके पवेलियन लवटली। एकरा बाद उनकर साथी बल्लेबाज डैनी व्याट चार रन बनाके आउट हो गइली। एह तरे 14 रन के स्कोर पs दु विकेट गंवा चुकल आरसीबी के एगो अच्छा साझेदारी के दरकार रहे। अइसन में टीम के एलिस पेरी के साथ मिलल। ऊ राघवी बिष्ट के संगे तीसरका विकेट 55 गेना में 86 रन के साझेदारी कइल लो, जवना के डिएंड्रा डॉटिन तुड़ली। ऊ बिष्ट के सायली सतघरे के हाथन कैच करवली। ऊ तीन चउकन के मदद से 25 रन बनावे में कामयाब भइली। ओहिजा, एलिस पेरी 34 गेना में 57 रन बनवलें आ स्कोर 100 रन के पार पहुंचवली। 

एकरा बाद टीम खातिर ऋचा घोष (64*) आ कनिका आहुजा (30*) संकटमोचक साबित भइल। दुनो के बीच 37 गेना में 93* रन के विशाल साझेदारी भइज, जवना के दमपर बेंगलुरु गुजरात के हराके मुकाबला अपना नावे कs लेली। दुनो के बीच ई आरसीबी के इतिहास के तीसरका सबसे बड़ साझेदारी हs।

मूनी आ गार्डनर लगावल लो अर्धशतक

कप्तान एश्ले गार्डनर आ विकेटकीपर बल्लेबाज बेथ मूनी के अर्धशतकीय पारियन के बदौलत गुजरात जायंट्स महिला प्रीमियर लीग 2025 के पहिला मैच में 200 रन के आंकड़ा छू लेलें। रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु खातिर रेणुका सिंह दु विकेट चटकवलें जबकि कनिका अहूजा, जॉर्जिया वेयरहम आ प्रेमा रावत एक-एक विकेट चटकवलें। एह मुकाबला में बेथ मूनी (56) आ एश्ले गार्डनर (79*) के अलावे लाउरा वोलवार्ड्ट छव, दयालन हेमलता चार, डिएंड्रा डॉटिन 25, सिमरन शेख 11 आ हरलीन देओल नव* रन बनावल लो।

Read Also: CBSE Board Exam 2025: 10वीं आ 12वीं के परीक्षा आज से सुरू

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।