UP News: शाहजहांपुर में चार लईकन के हत्या कs के पिता देलस जान, धारदार हथियार से रेता मासूमन के गला

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2025

शाहजहांपुर : एगो सनसनीखेज वारदात में जुवक धारदार हथियार से अपना चार लईकन के गला रेतला के बाद फंदा से लटक के आत्महत्या कs लेलस। पुलिस मवका पs पहुंचके ममिला के जांच कs रहल बिया।

Share

UP News: शाहजहांपुर में चार लईकन के हत्या कs के पिता देलस जान, धारदार हथियार से रेता मासूमन के गला

शाहजहांपुर : एगो सनसनीखेज वारदात में जुवक धारदार हथियार से अपना चार लईकन के गला रेतला के बाद फंदा से लटक के आत्महत्या कs लेलस। पुलिस मवका पs पहुंचके ममिला के जांच कs रहल बिया। प्राथमिक जांच में जुवक के मानसिक रूप से परेसान होखला के बात सामने आ रहल बा।

मायका में रहली पत्नी

रोजा थाना क्षेत्र के मानपुर चचरी गांव में राजीव कठेरिया (36 बरिस) अपना पत्नी कांति देवी आ बेटी स्मृति (13 बरिस), कीर्ति (9 बरिस), प्रगति (सात बरिस) आ बेटा ऋषभ (पांच बरिस) के संगे रहत रहे। कांति देवी बुध के गांव करतोली इस्थित अपना मायका चल गइल रहली। घर में राजीव आ चारो लईका रहलें सs।

मंजर देख कांप गइल रूह

राजीव के घर के बगल में रह रहल उनकर पिता पृथ्वीराज बियफे के सबेरे पोता के चाय पीये खातिर बोलवले, बाकिर भीतर से कवनो आवाज ना आइल। बहुत देर तक आवाज देला के बादो जब केहु बाहर ना निकलल रहे तs घर के अंदर झांकके देखलस। भीतर के मंजर देखके उनकर चीख निकल गइल। उनकर रूह कांप गइल।

चारो लईकन के गला धारदार हथियार से रेत दिहल गइल रहे। अंदर राजीव साड़ी के फंदा से कुंडा से लटकल रहे। ऊ चिल्लात बाहर अइलें तs ग्रामीणन के भीड़ लाग गइल। सूचना पाके एसपी राजेश द्विवेदी पुलिस बल के संगे मवका प पहुंचलें। पिता पृथ्वीराज बतवलें कि राजीव के संगे एक साल पहिले हादसा हो गइल रहे।

तब से ऊ मानसिक रूप से परेसान रहत रहे। कबो-कबो दिमाग पs गरमी चढ़ जात रहे तs उल्टा-सीधी हरकत करे लागत रहे। एसपी राजीव द्विवेदी कहलें कि ममिला के जांच चल रहल बा। प्रथमदृष्टया जुवक के मानसिक दबाव में होखला के बात सामने आ रहल बा।

Read Also: Share Market: घरेलू शेयर बाजार के हरियाली फेर लवटल; सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स-निफ्टी उछलल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.