[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: अस्पताल भवन बनके होत रहे तइयार, श्रमिक लगा लेलस फंदा- मौत

Gorakhpur News: अस्पताल भवन बनके होत रहे तइयार, श्रमिक लगा लेलस फंदा- मौत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : थानाक्षेत्र में एगो मजदूर हास्पिटल के चउथा फ्लोर पs फंदा से लटकके सुसाइड कs लेलस। अस्पताल में पहिला, दूसरका आ तीसरका मंजिल निर्माणाधीन बा। जुवक ओहि में मजदूरी करत रहे। रात में अस्पताल के कैंटीन में खाना खइला के बाद ओकरा के केहू ना देखल।

सबेरे कुछ मजदूर ऊपर गइल लो तs ओकरा के फंदा से लटकत देखल लो। मजदूर के परिजन पुलिस देलस सूचना दिहल लो। मृतक के पहचान विमलेश कुमार कुशवाहा (35) पुत्र सुरेश चंद्र निवासी प्रयागराज के रुप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि प्लेटियम रिसचर्स सेंटर के निर्माणाधीन भवन में लोहा के सीढ़ी से लगाके अस्पताल के छत के कुंडी से लटक के आपन जान दे देलस। घटना रात के हs।

Read Also: GG W vs RCB W: बेंगलुरु हासिल कइलस WPL के सबसे बड़ लक्ष्य, ऋचा घोष जड़ली चउथा सबसे तेज अर्धशतक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]