लाखन रुपिया के हो जाई टैक्स सेविंग, देखीं NPS से कइसे बचावल जा सकत बा टैक्स?

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2025

बिजनेस डेस्क : नेशनल पेंशन सिस्टम रिटायरमेंट प्लानिंग खातिर एगो बेहतर विकल्प हो सकत बा। एह स्कीम के तहत जमा पईसा रउआ रिटायरमेंट होखला के बाद पेंशन के रूप में मिलत बा। रउआ एह स्कीम

Share

लाखन रुपिया के हो जाई टैक्स सेविंग, देखीं NPS से कइसे बचावल जा सकत बा टैक्स?

बिजनेस डेस्क : नेशनल पेंशन सिस्टम रिटायरमेंट प्लानिंग खातिर एगो बेहतर विकल्प हो सकत बा। एह स्कीम के तहत जमा पईसा रउआ रिटायरमेंट होखला के बाद पेंशन के रूप में मिलत बा। रउआ एह स्कीम के 1000 रुपिया के राशि के संगे सुरू कs सकत बानी।

एनपीएस में रउआ निवेश के संगे लाखन रुपिया के टैक्स बचा सकत बानी। एह बारे में मिलल जानकारी के मोताबिक एनपीएस के तहत दुगो अकाउंट आवेला। एमे टियर 1 आ टियर 2 सामिल बा। टियर 1 अकाउंट में जमा पईसा रउआ रिटायरमेंट के बाद मिलेला। हालांकि, टियर 2 में जमा पईसा रउआ इमरजेंसी होखला पs निकाल सकत बा।

कइसे बचा सकेनी लाखन रुपिया के टैक्स ?

एनपीएस के ऑफिशियल वेबसाइट से मिलल जानकारी के मोताबिक एनपीएस में निवेश कs के रउआ लाखन रुपिया के टैक्स बचा सकत बानी। एह टैक्स सेविंग के फायदा उठावे खातिर रउआ एनपीएस के सदस्य होखल जरूरी बा।

  • एनपीएस में निवेश कs के रउआ इनकम टैक्स के धारा 80 CCE के तहत 1.5 लाख रुपिया टैक्स सेविंग के दावा कs सकत बानी।
  • एकरा संगही इनकम टैक्स धारा 80 CCD (1) के तहत व्यक्ति इनकम पs 10 फीसदी टैक्स सेविंग के दावा कs सकत बानी।
  • ओहिजा, जदि रउआ 50 हजार रुपिया से जादे निवेश कs सकत बानी, तs 1.5 लाख रुपिया के टैक्स सेविंग खातिर दावा कs सकत बानी।
  • एकरा अलावे एनपीएस वात्सल्य योजना में निवेश कs के रउआ धारा 80CCD(1B) के तहत 50 हजार रुपिया तक टैक्स सेविंग खातिर क्लेम कs सकत बानी।

कम होला जोखिम

एनपीएस के तहत रउआ पईसा अलग-अलग एसेट्स क्लास में निवेश होला। एसेट्स क्लास जइसे इक्विटी, कॉरपोरेट बॉन्ड, गवर्नमेंट बॉन्ड इत्यादि। एहिसे एमे जोखिम कम होला। हालांकि एमे मिले वाला रिटर्न में मार्केट के उतार-चढ़ाव के प्रभाव पड़त बा।

कब बंद कs सकत बानी खाता

जदि रउआ एनपीएस खाता के बंद करावल चाहत बानी, तs एकरा खातिर सरकार के तरफ से कुछ शर्त रखल गइल बा। एनपीएस के तहत लॉक इन पीरियड (lock-In-Period) 5 साल से 10 साल तक हो सकत बा। एकर मतलब बा कि रउआ पईसा कम से कम 5 साल खातिर एनपीएस खाता में लॉक रहेला।

हालांकि, जइसही ई लॉक इन पीरियड खत्म होला। आप एह स्कीम के बंद करा सकत बानी। ओहिजा, जदि रउआ एगो नौकरीपेशा व्यक्ति बानी, तs एनपीएस खाता 10 साल बादे बंद करा सकेम।

Read Also: US: भारत प्रत्यर्पण से बचे खातिर तहव्वुर राणा चललस आखिरी चाल, अमेरिका के मुख्य न्यायाधीश से कइलें अपील

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.