मथुरा के वृंदावन में बुध के दिने सभकर आराध्य ठाकुर श्री बांके बिहारी लाल नोट से बनल ड्रेस पहिन के भक्तन के दर्शन दिहलन.
एगो भक्त ठाकुरजी के नोट के पोशाक सेवित कइलस। सेवायत जइसहीं आराध्य के शृंगार कइले, सब लोग एकटक देखत रहे। ई ड्रेस चर्चा के विषय बन गइल। एह ड्रेस में बिहारीजी के देखे खातिर भक्त बेताब रहले।
बांके बिहारी मंदिर के सेवायत नितिन सांवरिया बतवले कि माघ पूर्णिमा के दिन ठाकुर बांके बिहारी लाल के एगो खास पहनावा पहिनावल गईल बा, जवना में उनुका के भारतीय रिजर्व बैंक के ओर से जारी नाया मुद्रा के 200 रुपया के नोट पहिनावल गईल। एह ड्रेस के दाम करीब तीन लाख रुपिया बा.