Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

15 दिसंबर 2022 के राशिफल

742

दिनांक- 15/12/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात में 09 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- बियफे।

पूर्वफाल्गुनी नक्षत्र

रात में 04 बजके 03 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र।

प्रिती जोग

रात में 05 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

विष्टि करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/12/2022

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात में 10 बजके 21 मिनट ले।

दिन- सुक।

उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र

रात में 05 बजके 28 मिनट ले।

आयुष्मान जोग

रात में 04 बजके 43 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

तलल-भुनल चीजन से दूर रहीं आ नियमित व्यायाम करत रहीं। घरेलू सुख-सुविधा के चीजन पर जरूरत से जादे खरच मत करी। बाबूजी के तल्ख बर्ताव रउआ के नाराज कर सकत बा। बाकिर इस्थिति के नियंत्रण में राखे खातिर शांत रहीं। एसे रउआ लाभ होई।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

जिनगी के सब कठिन परिस्थितियन में रउआ अपना माई-बाबूजी के पूरा सहजोग मिली। जवन लोग प्रेम के मोरचा पs मायूस महसूस कर रहल बा, ऊ प्यार में रंग भरे खातिर कुछ रोमांचक योजना बना सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

क्षणिक क्रोध विवाद आ दुर्भावना के कारण बन सकत बा। मनोरंजन आ सौन्दर्य बढ़वला पर आवश्यकता से बेसी समय व्यतीत मत करी। परिवार के करीबी सदस्य रउआ के झुंझलाहट आ जलन महसूस कराई लोग- तर्क-वितर्क भा लड़ाई-झगड़ा में पड़ला के बजाय शांत भाव से आपन भावना व्यक्त करी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 आज सब ग्रह आ सितारा रउआ पक्ष में बा, रउआ जवने काम में हाथ डालेम, ओमे रउआ सफलता जरूर मिली। आज के दिन यात्रा के योजना बन सकत बा, बाकिर आज रउआ अपना खान-पान पs तनिका नियंत्रण रखे के चाहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राउर इच्छा शक्ति के प्रोत्साहन मिली, काहेकि रउआ बहुते उलझल परिस्थितियन से निकले में कामयाब रहेम। भावनात्मक फैसला लेते घरी आपन तार्किकता के मत छोड़ी। जल्दबाजी में निवेश मत करी- जदि रउआ सब संभावित कोण से जांच ना करेमे तs नुकसान हो सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

प्रेम के ममिला में सफलता मिली। नया कामन के सुरुआत कइल शुभ रही। आज अपना प्रिय के संगे आपन व्यक्तिगत भावना आ गोपनीय ममिलन के साझा करे के सही समय बा। प्रेम संबंधन खातिर दिन सुभ बा। दफ्तर में सब कुछ रउआ पक्ष में जात नजर आ रहल बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

जवन लोग रउआ लगे करजा खातिर आवे ला लोग, बेहतर होई रउआ ओह लोग के नजरंदाज करी। पारिवारिक मोर्चन पर चीज अच्छा रही आ रउआ अपना योजना के पूरा समर्थन मिले के उम्मीद कर सकत बानी। राउर आंख एतना चमकदार बा कि ऊ राउर प्रेमिका के सबसे अनहरिया रातो में रोशन कर सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

छात्रन खातिर दिन अनुकूल बा काहेकि प्रतियोगी परीक्षा में सफलता मिल सकत बा। जमीन-जायदाद संबंधी काम स्थगित कइल रउआ हित में रही। माई के स्वास्थ बिगड़ सकत बा। पईसा के ममिला में राउर दिन औसत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

एकरा पहिले कि नकारात्मक विचार मानसिक रोग के रूप लेवे, रउआ ओकरा के समाप्त कs देवे के चाहीं। रउआ कवनो परोपकारी काम में हिस्सा लेके अइसन कर सकत बानी, जवना से रउआ मानसिक संतुष्टि मिली। जदि रउआ आपन रचनात्मक प्रतिभा के सही इस्तेमाल करेम तs ई बहुते फायदेमंद साबित होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

लमहर समय से चलल आ रहल दिक्कतन से आज रउआ छुटकारा मिल सकत बा। आगे बढ़ला के बजाय आपन सब आवे आला कामन के पूरा कइल समझदारी होई। समान विचारधारा वाला व्यक्ति के संगे समय बितावल संतोषजनक रहला के संभावना बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

भावनात्मक रूप से बहुत निम्मन दिन ना रही। आर्थिक समस्यन के कारण रउआ आलोचना आ वाद-विवाद के सामना करे के पड़ सकत बा- अइसन लोगन के ‘ना’ कहे खातिर तइयार रहीं, जे रउआ से कुछ बेसिये उम्मीद करेला।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ सकारात्मक ऊर्जा से भरपूर रहेम, जवना के असर रउआ अगल बगल के लोगन पर पड़ी। खुद के काम से समय निकालके परिवार के संगे समय बितावल संभव ना होई। रउआ कोसिस करेम तs अपनन के नीचिका आवे में आसानी होई। बेयपारियन के अपना बेयपार संचालन आ मुनाफा में बढ़न्त देखे के मिली। आज अपना स्वास्थ के धेयान रखीं। परिवार में वातावरण आनंद से भरल रही।

410240cookie-check15 दिसंबर 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.