गोरखपुर के संत कबीर नगर निवासी एगो छात्रा आत्महत्या कs लेले बिया। शहर के बेतियाहाता के एगो कोचिंग सेंटर में जेई के पढ़ाई करत रहली। उs इलाका के सत्यदीप गर्ल्स हॉस्टल में अपना साथी छात्रा के संगे कमरा साझा करत रहली।
बुध के दुपहरिया में छात्रा के शव कमरा के पंखा से लटकल मिलल। अदिति संत कबीर नगर के मेंहदावाल थाना क्षेत्र के मिश्रौलिया निवासी रहे। जानकारी के मुताबिक दोसर रूममेट लईकी कवनो काम खातीर कमरा से बहरी गईल रहे।
इहो पढ़ीं: Lifestyle: नींबू से दांत कइसे साफ करीं? सफेद आ चमकदार दांत खातीर अपनाई इs असरदार तरीका
जब उs वापस अईली तs उनुका कमरा के दरवाजा बंद मिलल। उs एकरा बारे में जिम्मेदार लोग के जानकारी देले। गेट टूटला पs अदिति के शव भीतर पंखा से लटकल मिलल। मौका पs पहुंचल पुलिस शव के अपना कब्जा में लेके पीएम खातीर भेज देलस।