[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर पुलिस के हाल: बुजुर्ग महिला से भइल रहे सामूहिक दुष्कर्म, आरोपियन के चोरी के आरोपी बना के भेज देहल गइल जेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिले के गुलरिहा पुलिस अपनिये आला अफसरन के गुमराह कsके बुजुर्ग महिला से सामूहिक दुष्कर्म के आरोपियन के चोरी में जेल भेज दिहलस। मामला अफसरन के संज्ञान में आइल त पुलिस आपन गर्दन बचावे में जुट गइल। आननफानन सामूहिक दुष्कर्म के धारा बढ़ा के खुद के पाक-साफ बतावे के कोशिश भी कइल गईल। एतने नाइ पहिले दर्ज लूट के मुकदमा के बदल के चोरी कs दिहल गइल। मामला बड़ बा। लिहाजा, आला अफसर लोग कार्रवाई के संकेत भी दिहलें बानें।

जानकारी के मुताबिक, घटना सोमार देर रात के ह। 70 बरिस के बूढ़ महिला अपने टीनशेड के मकान में अकेले सूतल रहली। एही दौरान गांव के ही दू युवक अइलें अउर दरवाजा तूड़ के अंदर दाखिल हो गइलें। दूनों महिला के संगे सामूहिक दुष्कर्म कइलें, फेर पांच हजार रुपया, कान के टप्स लूट के फरार हो गइलें।

महिला के घर के लगही जन्मदिन पार्टी चलत रहे। तेज आवाज में गाना बाजत रहे, एही से महिला के आवाज लोग ले नाइ पहुंच पावल। घटना के जानकारी रात में ही गांव वाले पुलिस के दिहलें। कुछ दूरी पर रहे वाला बुजुर्ग महिला के बेटा भी आइल। पुलिस बेटा से तहरीर लिखवा लीहलस, फिर लूट के धारा में केस दर्ज कर लिहलस।

हालांकि, चंद घंटा के जांच में लूट के धारा हटा दीहल गइल, फेर चोरी के धारा में आरोपियन के मंगर के गिरफ्तार कइल गइल। दोनों के कोर्ट में पेश कइल गइल, जहां से जेल भेज दिहल गइल। गुलरिहा पुलिस दुष्कर्म के घटना के लगातार झुठलावे में जुटल रहल, लेकिन एकर जानकारी एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर अउरी एसपी नार्थ मनोज अवस्थी के हो गईल। आला अफसर सवाल कइलें त गुलरिहा पुलिस सकते में आ गइल। छानबीन के दौरान बड़ गलती के एहसास हो गइल। लिहाजा, पुलिस दुष्कर्म के घटना के स्वीकार कइलस अउर सामूहिक दुष्कर्म के धारा में बढ़ा देहलस।

साभार – अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]