Deoria Murder Case: साधू दुबे के गुजरात से बुलाई पुलिस, जमीन विवाद के लेके पूछी ई सवाल; अब खुली कइयन राज

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 10, 2023

उत्तर प्रदेश के देवरिया में भइल छह लोगन के हत्या सब केहू के झकझोर देलस। एह ममिला में जांच लगातार जारी बा। पुलिस एह ममिला में अब ओह शख्स तक पहुंच गइल बिया, जेकररा जमीन

Share

उत्तर प्रदेश के देवरिया में भइल छह लोगन के हत्या सब केहू के झकझोर देलस। एह ममिला में जांच लगातार जारी बा। पुलिस एह ममिला में अब ओह शख्स तक पहुंच गइल बिया, जेकररा जमीन के लेके ई नरसंहार भइल रहे। साधू दुबे के पता पुलिस पहिलही लगा लेले रहे आ अब ओकरा से पूछताछ के तइयारी कइल जा रहल बा।

रुद्रपुर के फतेहपुर लेहड़ा हत्या कांड के बाद पुलिस के ज्ञान प्रकाश उर्फ साधू दुबे के इयाद आ गइल बा। एसपी संकल्प शर्मा गुजरात में मवजूद साधू से मोबाइल पs अतवार के रात बात कइले आ घटना के जानकारी देला के संगही आउर जानकारियो  लेलें।

साधू के देवरिया बुलाई पुलिस

पुलिस विवेचना के दौरान साधू के पूछताछ खातिर देवरिया बुलाई। एकर तइयारी पुलिस सुरू कs देले बिया। पुलिस उनका के कबो जिला में बुला सकत बिया। पुलिस साधू दुबे से एह पूरा भूमि विवाद के बारे में पूछी।

साधू दुबे के जमीन के लेके भइल नरसंहार

लेहड़ा गांव के रहहे वाला सत्य प्रकाश दुबे के छोट भाई ज्ञान प्रकाश उर्फ साधू दुबे  2014 में अपना हिस्सा भूमि के बैनामा पूर्व जिला पंचायत सदस्य प्रेम चंद यादव आ ओकरा भाई रामजी यादव के नाम से कइले रहस। एकरा बादे से दुनो पक्षन में तनाव सुरू हो गइल। एह विवाद में एगो ना, छव लोगन के जान चल गइल। एह पूरा कांड के बैकग्राउंड में मवजूद साधू के तलाश अब पुलिस सुरू कइले बिया।

गुजरात में मिलल साधू के लोकेशन

गुजरात में अइसे तs ओकर लोकेशन पांच दिन पहिलही पुलिस ट्रेस कs लेले रहे, बाकिर लगातार मिल रहल साधू के गायब करे के शिकायत के जांच करे के खुद एसपी मोबाइल पs साधू से बातचीत कइलें। लगभग पांच मिनट तक भइल बातचीत के बाद अब उनका के देवरिया ले आवे के तइयारी में बिया। एसपी संकल्प शर्मा बतवलें कि साधू से बातचीत भइल बा। विवेचना में उनकर जरूरत पड़ी तs बोलावल जाई। उनका से पुलिस हर दिन संपर्क कs रहल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.