गोरखपुर में गोली मारके जुवक के हत्या, दोस्तन के संगे बइठके शराब पियत घरी कवनो बात के लेके भइल विवाद

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2024

गोरखपुर के राजघाट थानाक्षेत्र के अमरुदमंडी (अमरूतानी) में बीतल रात एगो जुवक के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल। मृतक शशांक पांडेय नौसढ़ के लगे भिलौरा गांव के रहे वाला रहे। गांव के लोग बतावल

Share

गोरखपुर के राजघाट थानाक्षेत्र के अमरुदमंडी (अमरूतानी) में बीतल रात एगो जुवक के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल। मृतक शशांक पांडेय नौसढ़ के लगे भिलौरा गांव के रहे वाला रहे। गांव के लोग बतावल कि शशांक गांवही के एगो लईका के संगे गांव से देर सांझ बाहर निकलल रहे।

बतावल जात बा कि अमरुतानी में दोस्तन के संगे सब बइठके शराब पियले सs। कवनो बात पs विवाद में गोली चल गइल आ शशांक के मवके पs मौत हो गइल।

परिजन लोग बतावल कि साथ वाला लईका के माई शशांक के घरे फोन कs के सूचना देली कि कहीं गोली चल गइल बा, देखवा लs लो। परिजनन के संगही गांव वाला ऊ जुवक आ ओकर माई शशांक के परिजनन के संगे ओकर तलाश करे निकलल लो।

लगभग डेढ़ बजे रात में शव मिलला के बाद से गांव के दूसरका जुवक आ ओकर परिजन लापता बा लो। जबकि, शव मिलला पs परिजन स्कूटी से लेके शशांक के जिला अस्पताल पहुंचल लो। उहां जाके पता चलल कि पहिलही ओकर मौत हो चुकल बा।

एकरा संगही परिजनन लोग पुलिस के सूचना दिहल। सीओ कोतवाली गौरव त्रिपाठी सूचना पs भोर में चार से पांच बजे के बीच घटनास्थल पs पहुंचलें। शव के पीएम खातिर भेज दिहल गइल। बतावल गइल कि जुवक के गोली मारके हत्या कइल गइल बा। परिजनन के ओर से बतावल गइल संदिग्ध के तलाश कइल जा रहल बा। जल्दिये घटना के खुलासा कs दिहल जाई।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.