[the_ad_group id="30365"]

दद्दन यादव हत्याकांड प्रकरण : हत्यारोपी चौकी इंचार्ज सस्पेंड, मचल हड़कंप 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज। एसपी डॉ. संकल्प शर्मा सोमार के दद्दन हत्याकांड ममिला में तत्कालीन चौकी इंचार्ज वीरेंद्र कुशवाहा के निलंबित कs देलें। एह कार्रवाई से महकमा में हड़कंप मच गइल बा।

बता दीं कि 20 मई के सांझ चौकी इंचार्ज सहयोगियन के संगे सतरांव चौराहा पs गइल रहस। जहां दद्दन से कवनो बात के लेकर विवाद हो गइल। प्रत्यक्षदर्शियन के मानल जाव तs पुलिस दद्दन के बेरहमी से मारे-पीटे लागल। दद्दन के मुंह से खून आवे आ पत्नी के विरोध के बाद पुलिस भागल रहे। शर्मसार कs देवे वाली एह घटना से नाराज लोग पुलिस चौकी में तोड़फोड़ करत परिसर में खड़ा कार आ बाइक में आग लगा देले रहे। 21 मई के देवराहा बाबा मेडिकल काॅलेज में दद्दन के इलाज के दौरान मौत हो गइल रह। ममिला में पुलिस चौकी इंचार्ज सहित तीन आउर पुलिसकर्मियन के खिलाफ गंभीर धारा में केस दर्ज कइल गइल रहे था।

एह ममिला के संबंध में सीओ आदित्य गौतम बतवलें कि चौकी इंचार्ज पs निलंबन के कार्रवाई कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]