Kameshwar Chaupal Death : राम मंदिर के पहिलका ईंट राखे वाला कामेश्वर चौपाल के निधन

Minee Upadhyay
कामेश्वर चौपाल

Kameshwar Chaupal Death : मंदिर निर्माण में पहिला ईंट रखे वाला आ राम मंदिर ट्रस्ट के ट्रस्टी कामेश्वर चौपाल के निधन हो गइल बा. पिछला कुछ दिन से बेमार रहलन आ आजु गंगाराम अस्पताल में आखिरी साँस लिहलन. उनकर निधन से पूरा राजनीतिक आ सामाजिक क्षेत्र में शोक के लहर भेजल गइल बा. कामेश्वर चौपाल बिहार विधान परिषद के सदस्य भी रह चुकल रहले।

Kameshwar Chaupal Death :बिहार बीजेपी दिहलस श्रद्धांजलि

उनुका निधन पs गहरा दुख जतावत बिहार भाजपा सोशल मीडिया पs श्रद्धांजलि देले बिया। पार्टी लिखले बा कि ‘राम मंदिर के पहिला ईंट रखे वाला, पूर्व विधान पार्षद, दलित नेता, श्री राम जन्मभूमि ट्रस्ट के स्थायी सदस्य अवुरी विश्व हिन्दू परिषद के प्रांतीय अध्यक्ष श्री कामेश्वर चौपाल जी के निधन के खबर समाज खातीर बहुत बड़ नुकसान बा।’ धार्मिक आ सामाजिक कार्य में आपन जिनगी समर्पित कइलन आ भारत माता के सच्चा सपूत रहलन।

Kameshwar Chaupal Death :कामेश्वर चौपाल सहरसा के रहे वाला रहले

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

कामेश्वर चौपाल के जनम 24 अप्रैल 1956 के बिहार के सहरसा जिला के कमरैल गाँव में भइल रहे। ऊ एगो प्रमुख समाजसेवी आ नेता रहलें, जे समाज सेवा आ धार्मिक काम में आपन जिनगी समर्पित कइलें। राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ, विश्व हिंदू परिषद आ विद्यार्थी परिषद जइसन संस्था के साथे सहयोग करके चौपाल समाज में बहुत बड़ योगदान देले।

Kameshwar Chaupal Death :कामेश्वर चौपाल के राजनीतिक सफर

उनुकर राजनीतिक सफर 1991 में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) से शुरू भईल रहे। उs रोसड़ा लोकसभा क्षेत्र अवुरी बखरी विधानसभा क्षेत्र से चुनाव लड़ले, हालरोसड़ाs विजयी ना भईले। 7 मई 2002 के बिहार विधान परिषद के सदस्य बनलें आ 2014 ले उहाँ रहलें। उनकर योगदान हमेशा याद राखल जाई। उनकर निधन से समाज आ राजनीति में अपूरणीय क्षति भइल बा।

इहो पढ़ीं: Lifestyle: नींबू से दांत कइसे साफ करीं? सफेद आ चमकदार दांत खातीर अपनाई इs असरदार तरीका

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।