CBSE Board Exam 2025 : सीबीएसई (सेंट्रल बोर्ड ऑफ सेकेंडरी एजुकेशन) कक्षा 10 अवुरी 12 के बोर्ड परीक्षा 2025 के एडमिट कार्ड (हॉल टिकट) जारी कईले बिया। इs एडमिट कार्ड परीक्षा संगम पोर्टल पs उपलब्ध बा। हालांकि छात्र एकरा के सीधा डाउनलोड नईखन कs सकत। एडमिट कार्ड खाली स्कूल लॉगिन के माध्यम से मिलेला, एहसे छात्र के एकरा के लेवे खातीर अपना स्कूल में जाए के पड़ेला।
कईसे डाउनलोड करीं CBSE एडमिट कार्ड? (स्कूल खातीर)
*CBSE के ऑफिशियल वेबसाइट – cbse.gov.in पs जाई।
*परीक्षा संगम पोर्टल (Pariksha Sangam Portal) खोली।
*अगला पेज पs “Continue” बटन पs क्लिक करीं।
*”Schools (Ganga)” ऑप्शन के चुनीं।
*Pre-Exam Activities टैब में जाइ।
*”Admit Card, Centre Material Link for Main Exam 2025″ पs क्लिक करीं।
*लॉगिन डिटेल्स दर्ज करीं आ एडमिट कार्ड डाउनलोड करीं।
CBSE 10वीं आ 12वीं के बोर्ड परीक्षा कब होई?
कक्षा 10 के परीक्षा: 15 फरवरी से 18 मार्च 2025 ले।
कक्षा 12 के परीक्षा: 15 फरवरी से 4 अप्रैल 2025 ले।
परीक्षा के समय: सुबेरे 10:30 बजे से शुरू होई आ एके शिफ्ट में होई।
एह साल दसवीं आ बारहवीं बोर्ड के परीक्षा में करीब 44 लाख विद्यार्थी शामिल होखीहें. एह परीक्षा में भारत आ विदेश के 8 हजार से अधिका स्कूलन के विद्यार्थी हाजिर होखीहें.
CBSE परीक्षा में का ले जा सकेनी आ का ना?
परीक्षा हॉल में इs चीज ले आवल Allowed बा-
नियमित छात्र (Regular Students)– एडमिट कार्ड आ स्कूल आईडी कार्ड।
प्राइवेट छात्र (Private Candidates)– एडमिट कार्ड आ कवनो सरकारी पहचान पत्र (आधार कार्ड, वोटर आईडी, आदि)।
स्टेशनरी आइटम्स– ट्रांसपेरेंट पाउच, ज्योमेट्री बॉक्स, नीला/रॉयल ब्लू पेन, पेंसिल, स्केल, रबर, राइटिंग पैड।
अन्य जरूरी चीज– सिंपल एनालॉग घड़ी, ट्रांसपेरेंट पानी के बोतल, मेट्रो कार्ड, बस पास, पैसा।
इहो देखीं: सबेरे-सबेरे: भोरे अजवाइन के चाय पिए से दूर रही ई बेमारी, पिचकी तोंद
परीक्षा हॉल में एs चीजन के लवले पs बा सख्त पाबंदी (Prohibited Items)
किताब, कागज के टुकड़ा, कैलकुलेटर (डिस्कैल्कुलिया वाला छात्र के सेंटर द्वारा कैलकुलेटर मिली)।
मोबाइल फोन, ब्लूटूथ, ईयरफोन, स्मार्टवॉच, हेल्थ बैंड, कैमरा।
वॉलेट, धूप के चश्मा, हैंडबैग, पाउच।
खाए-पीए के चीज (डायबिटिक छात्र के छूट दिहल गइल)।
कवनो अउरी आइटम जवन नकल करे में सहायक हो सके भा अनुचित साधन.
CBSE बोर्ड परीक्षा ड्रेस कोड 2025
*नियमित छात्र (Regular Students)– स्कूल यूनिफॉर्म पहनल अनिवार्य।
*प्राइवेट छात्र (Private Candidates)– हल्का आ साधारण कपड़ा पहिन सकेनी.
बोर्ड परीक्षा में नकल अवुरी अनुशासन के संबंध में कड़ा नियम
परीक्षा में अनुशासन बनवले राखे खातिर सीबीएसई “परीक्षा नैतिकता” के संबंध में दिशा-निर्देश जारी कईले बिया। एहमें ड्रेस कोड, परीक्षा में का ले जाए के बा आ का ना ले जाए के बा, आ अनुचित साधन पs जुर्माना के जानकारी दिहल गइल बा. विद्यार्थियन के सलाह दिहल गइल बा कि स्कूल से एडमिट कार्ड समय पs ले लीं, आ सीबीएसई के सगरी गाइडलाइन के ध्यान में राखत परीक्षा के तइयारी करस.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन