syria news: सीरिया के मनबीज शहर में भइल बम धमाका, 15 लोगन के मउत; दर्जन लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2025

syria news: उत्तरी सीरिया के मनबीज शहर के बाहरी इलाका में एगो बड़हन बम विस्फोट हो गइल बा. विस्फोट कृषि मजदूरन के लेके जात एगो गाड़ी के लगे भइल. विस्फोट एगो कार में भइल जवना

Share

सीरिया के मनबीज शहर में भइल बम धमाका

syria news: उत्तरी सीरिया के मनबीज शहर के बाहरी इलाका में एगो बड़हन बम विस्फोट हो गइल बा. विस्फोट कृषि मजदूरन के लेके जात एगो गाड़ी के लगे भइल. विस्फोट एगो कार में भइल जवना में नाहियो तs 15 लोग के मउत हो गइल आ दर्जनो लोग घवाहिल हो गइल.  स्थानीय नागरिक रक्षा आ युद्ध निगरानी संगठन एकरा बारे में जानकारी देले बा। 

syria: हालत कइसन बा?


सीरिया में कवना तरह के माहौल बा एह बारे में पूरा दुनिया वाकिफ बा. आतंकवाद के चलते हालात अउरी खराब हो गइल बा. आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट के प्रभाव कम हो गइल बा बाकिर तबहियों आतंकी गतिविधि खतम नइखे भइल. सीरिया में अक्सर आतंकी हमला के मामला देखल जाला।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.